Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

विवाद: सावरकर के खिलाफ टिप्पणी कइल राहुल गांधी के पड़ल भारी, शिंदे खेमे के शिकायत पर मामिला दर्ज

250

कांग्रेस नेता राहुल गांधी के सावरकर के खिलाफ टिप्पणी कइल भारी पड़ गइल बा। दरअसल, महाराष्ट्र में शिंदे गुट के वंदना सुहास डोंगरे राहुल गांधी के खिलाफ पुलिस शिकायत दर्ज करवा देहले बा। जेकरे बाद पुलिस धारा 500 अउर 501 आईपीसी के तहत असंज्ञेय अपराध दर्ज कs लिहले बा। शिकायत में शिंदे गुट कहनें कि स्वतंत्रता सेनानी के बदनाम कइनें अउर स्थानीय लोग के भावना के आहत कइल गइल बा।

राहुल सावरकर के खिलाफ कइले रहनें विवादित टिप्पणी

दरअसल, कांग्रेस नेता राहुल गांधी बियफे के विनायक दामोदर सावरकर के अंग्रेजन के मदद करे के बात दोहरवलें। ऊ कहनें कि वीर सावरकर अंग्रेजन के मदद कइलें। लोग से बात करत कांग्रेस सांसद राहुल गांधी एगो चिट्ठी अउर पढ़नें। दावा कइलें कि सावरकर अंग्रेजन के चिट्ठी लिखले रहनें।

राहुल चिट्ठी के पढ़ के सुनवलें जेमें सावरकर लिखले रहनें ‘सर, हम आपके सबसे आज्ञाकारी सेवक बनल रहले के विनती करsतनी। ओह चिट्ठी पs हस्ताक्षर भी कइल गइल रहे। सावरकर अंग्रेजन के मदद कइलें। ऊ डर के मारे पत्र पs दस्तख़त कsके महात्मा गांधी, जवाहरलाल नेहरू अउर सरदार पटेल जइसन नेता लोग के धोखा दिहनें।

पूर्व कांग्रेस अध्यक्ष दावा कइले रहनें कि सावरकर अंग्रेजन से पेंशन लेत रहनें, उनके खातिर काम करत रहनें अउर कांग्रेस के खिलाफ काम करत रहनें।

उद्धव ठाकरे राहुल के बयान के बतवनें गलत

एसे पहिले महाराष्ट्र के पूर्व मुख्यमंत्री अउर शिवसेना के एक ढर्रा से प्रमुख उद्धव ठाकरे कांग्रेस नेता टिप्पणी से पल्ला झाड़ लिहलें। उद्धव कहनें कि उनकर पार्टी वीडी सावरकर के बहुत इज्जत करेले अउर ऊ स्वतंत्रता सेनानी पर कांग्रेस नेता राहुल गांधी के टिप्पणी के स्वीकार नाइ करतने। हमनी के मन में स्वतंत्र वीर सावरकर खातिर बहुत सम्मान अउर विश्वास बा अउर एके मिटावल नाइ जा सकsता।

384100cookie-checkविवाद: सावरकर के खिलाफ टिप्पणी कइल राहुल गांधी के पड़ल भारी, शिंदे खेमे के शिकायत पर मामिला दर्ज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.