[the_ad_group id="30365"]

लोकसभा चुनाव खातिर सपा जारी कइलस 11 प्रत्याशियन के दूसरका सूची, गाजीपुर से मुख्तार के भाई के टिकट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लोकसभा चुनाव के तैयारियन के लेके समाजवादी पार्टी  कमर कस लेले बिया। आपन तइयारी के अनुरुप अखिलेश यादव सोमार के 11 प्रत्याशियन के सूची जारी करत चुनाव के ओर आपन अगिला कदम बढ़ा देले बाड़न। समाजवादी पार्टी के ओर से जारी नवका सूची में मुजफ्फरनगर से हरेंद्र मलिक आंवला से नीरज मौर्य शाहजहांपुर से राजेश कश्यप हरदोई से ऊषा वर्मा के नाम के एलान कइले बाड़न।

मिश्रिख लोकसभा सीट से समाजवादी पार्टी रामपाल राजवंशी, मोहनलालगंज से आरके चौधरी, प्रतापगढ़ से एसपी सिंह पटेल के टिकट देले बाड़न। एकरा अलावा पार्टी से बहराइच से रमेश गौतम, चंदौली से वीरेंद्र सिंह आ गोंडा से श्रेया वर्मा पऽ पार्टी दांव लगवले बा। एकरा अलावा अखिलेश यादव गाजीपुर लोकसभा सीट से माफिया मुख्तार अंसारी के भाई अफजाल अंसारी को टिकट देले बाड़े।

के हऽ राजेश कश्यप

समाजवादी पार्टी राजेश कश्यप के लोकसभा चुनाव खातिर आपन प्रत्याशी घोषित कइले बिया।  दिल्ली निवासी राजेश लगभग डेढ़ बरिस से जिला में संगठन में सक्रिय बाड़न। टिकट खातिर आवेदन कईला के बादऽ से उऽ जनसंपर्क अभियान के तेज कइले रहलें। 2019 के चुनाव में उऽ बरेली के फरीदपुर से टिकट मंगले रहस, बाकिर मिलल ना। सपा अबहीं ले खाली दुइए बेर  ई सीट जीतल बिया।पिछला चुनाव में गठबंधन होखला के चलते ई सीट बसपा के खाता में चल गइल रहें।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]