[the_ad_group id="30365"]

UP के आठ लोकसभा सीटन पs 60.25% वोटिंग : सहारनपुर में सबसे जादे 65.95% वोट पड़ल ; मुरादाबाद में सपा कैंडिडेट के पुलिस से झड़प 

EVM जमा करे खातिर मुख्यालय पहुंचल पोलिंग कर्मी लो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी में सुक के लोकसभा के आठ सीटन पs पहिला फेज के मतदान खत्म हो गइल। 60.25% मतदान भइल बा। सहारनपुर में सबसे जादा 65.95%, जबकि रामपुर में सबसे कम 54.77% वोटिंग भइल बा । पीलीभीत में 61.91%, मुरादाबाद में 60.60%, कैराना में 61.17%, मुजफ्फरनगर में 59.29%, बिजनौर में 58.21%, नगीना में 59.54% वोट पड़ल बा।

2019 में पीलीभीत में 67.41%, मुरादाबाद में 65.46%, रामपुर में 63.19%, सहारनपुर में 70.87%, कैराना में 67.45%, मुजफ्फरनगर में 68.42%, बिजनौर में 66.22%, नगीना में 63.66% वोट पड़ल रहे। 2019 में एह सीटन पs कुल 63% मतदान भइल बा।

मुरादाबाद में सपा प्रत्याशी के पुलिस से झड़प हो गइल। रूचि वीरा पुलिस पs मतदाता लोगन के धक्का देवे के आरोप लगाके हंगामा कइलस । ओहिजा, पीलीभीत लोकसभा क्षेत्र के बक्शपुर गांव में ग्रामीण मतदान के बहिष्कार कs दिहल लो। मतदान के बहिष्कार के  जानकारी मिलतही प्रशासन मवका पs पहुंचल आ ग्रामीणन के मनावे में जुट गइल।

ग्रामीण लोग बतावल कि, जिला प्रशासन कैंपस से होखत बक्शपुर गांव खातिर एगो पुराना रास्ता रहे। जवना के प्रशासन बंद करत देवाल खड़ा कs देलस ।

ग्रामीण लोग ने बतावल , रास्ता खोले खातिर प्रशासन के कइयन बेर पत्र लिखल गइल रहे, बाकिर कवनो कार्रवाई ना भइल। एकरा बाद चुनाव बहिष्कार कs दिहल। जवना के बाद प्रशासन के झुके के पड़ल आ बुलडोजर बोलाके रस्ता में बनल देवाल के तुर दिहल, एकरा बाद ग्रामीण लोग वोट डालल।

ओहिजा, मुरादाबाद में बुर्का वाला वोटर्स के चेक करे खातिर बूथन के बाहर बुर्का पहिनल महिला कर्मचारी तैनात कइल गइल बा। दरअसल, बुर्का के आड़ में फर्जी मतदान के खबर हर चुनाव में आवत रहेला, एहिसे डीएम महिलन के तैनात कइलें।

मुरादाबाद में बुर्का पहनके वोट डाले वाली महिलन के चेक करे खातिर बुर्का पहिन के महिला कर्मचारियन के तैनात कइल गइल रहे।

सहारनपुर आ बिजनौर में EVM खराब हो गइल। कैराना से सपा प्रत्याशी इकरा हसन आरोप लगावल कि मुस्लिम महिलन के परेसान कइल जा रहल। ओहिजा, मुरादाबाद से सपा सांसद एसटी हसन आरोप लगवलें कि दरोगा ऑफिस में घुसके बदसलूकी कइलें।

बता दीं कि आठ सीट पs 80 प्रत्याशी मैदान में बा। 1.44 करोड़ मतदाता एह लोगन के किस्मत के फैसला करी लो। चुनावी मैदान में दुगो मंत्री आ सांसद बा लो । 80 में खाली छव गो महिला कैंडिडेट बा लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]