Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव 2024 : “जनता करे पुकार…”, रॉबर्ट वद्रा के समर्थन में अमेठी में लगावल पोस्टर

88

अमेठी में पोस्टर लगवला का बाद अब ऊ अटकलन मजबूत हो रहल बा जवना का तहत कहल जात रहे कि अबकी बेर कांग्रेस अमेठी से रॉबर्ट वाड्रा के मैदान प उतार सकेले ।

लोकसभा चुनाव (2024) के देखत सभे राजनीतिक दल चुनाव प्रचार में लागल बा। एह सब के बीच अमेठी लोकसभा सीट के लेके राजनीतिक हलकन में तरह तरह के चर्चा हो रहल बा। अबकी केहू दावा करत बा कि राहुल गांधी फेर अमेठी से चुनाव लड़िहें त केहू प्रियंका गांधी के पति रॉबर्ट वद्रा के चुनावी सफर एहिजा से शुरू करे के बात करत बा । बाकिर एह सब अटकलन का बीच कांग्रेस अबहीं ले एह सीट से अपना कवनो उम्मीदवार के नाम नइखे एलान एह सब का बीच सोमार का दिने अमेठी में रॉबर्ट वाड्रा के समर्थन में पोस्टर लगावल गइल।

ई पोस्टर के लगवले बा एकर कवनो जानकारी नइखे । एह पोस्टर में अमेठी के लोग के याचिकाकर्ता के रूप में लिखल गइल बा अमेठी में जवन पोस्टर लगावल गइल बा ओहमें लिखल बा कि अमेठी के लोग अबकी बेर रॉबर्ट वाड्रा के बोलावे के चाहीं । एह पोस्टरन के लगावे का बाद अब ऊ अटकलन भी मजबूत हो रहल बा जवना के तहत कहल जात रहे कि अबकी बेर कांग्रेस अमेठी से रॉबर्ट वाड्रा के मैदान पर उतार सकेले ।

 

रॉबर्ट वाड्रा के बयान से भी एह अटकलन के अउरी ताकत मिल रहल बा जवना के तहत उ खुद अमेठी से आपन चुनावी सफर शुरू करे के इच्छा जतवले रहले।

बता दीं कि जब कांग्रेस अमेठी से कवनो उम्मीदवार ना घोषित कइलसि त अमेठी से बइठल भारतीय जनता पार्टी के सांसद आ केंद्रीय मंत्री स्मृति ईरानी कांग्रेस के वरिष्ठ नेता राहुल गांधी आ उनकर जीजा रॉबर्ट वाड्रा पर चुटकी लिहली । उ दावा कइले रहली कि राहुल गांधी सांसद के रूप में 15 साल में जवन काम कइले रहले, ओकरा से जादे काम उनका से महज पांच साल में हो गइल।

स्मृति ईरानी के ई टिप्पणी एह अटकलन का बाद आइल बा कि रॉबर्ट वाड्रा के अमेठी से चुनाव लड़े के संभावना बा । अमेठी बहुत दिन से कांग्रेस पार्टी के गढ़ मानल जाता, लेकिन 2019 के चुनाव में स्मृति ईरानी राहुल गांधी के हरा देले रहली। लोकसभा चुनाव 2024 के दौरान 20 मई के पांचवा चरण में अमेठी में मतदान होई।

अमेठी में एगो बैठक में स्मृति ईरानी कहली कि, “जीजा जी के नजर सीट प बा, साले साहेब (राहुल गांधी) का करीहे…? एक समय रहे जब बस में सफर करेवाला लोग अपना सीट प हाथ से निशान लगावत रहले।” ” उ एगो रूमाल छोड़ के चलत रहले कि ओकरा प केहु ना बईठे… राहुल गांधी भी अपना सीट प रूमाल से निशान लगावे आइहे, काहेंकी उनकर देवर के नजर ए सीट प बा…”

800710cookie-checkलोकसभा चुनाव 2024 : “जनता करे पुकार…”, रॉबर्ट वद्रा के समर्थन में अमेठी में लगावल पोस्टर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.