Swati Maliwal Case : विभव ठुकरा देले रहलें ई ऑफर, चउऽकावे वाला बात सामने आइल; बिहार में पिता कहलें – केजरीवाल के जेल…

By Anurag Ranjan

Published on: May 20, 2024

Swati Maliwal Case : स्वाति मालीवाल प्रकरण में दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के PA विभव के गिरफ्तारी भइल बा। उऽ मूल रूप से बिहार के रहे वाला बाड़न। उनकर पिता अब चउका देवे वाला

Share

Swati Maliwal Case : स्वाति मालीवाल प्रकरण में दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के PA विभव के गिरफ्तारी भइल बा। उऽ मूल रूप से बिहार के रहे वाला बाड़न। उनकर पिता अब चउका देवे वाला खुलासा कइले बाड़े। उऽ बतवले हऽ कि विभव के आम आदमी पार्टी के ओर से राज्यसभा के टिकट मिलत रहे बाकिर उऽ ठुकरा देले।

Bihar Politics News स्वाति मालीवाल प्रकरण (Swati Maliwal Case) में विभव के गिरफ्तारी से उनकर पिता आ ग्रामीण परेशान बाड़े । ग्रामीण अबही ले ना जानत रहले कि विभव अरविंद केजरीवाल के अतना खास बाड़े। एही प्रकरण से जुड़ल खबर गांव में खूब पढ़ल आ देखल जा रहल बा।

प्रखंड क्षेत्र कोचस के खुदरु गांव निवासी मनोज राय, उदयचंद पांडेय, श्रीराम राय, रामनारायण राय आ महेन्द्र पांडेय समेत आउर लोग कहलस कि टीवी में देखनी सन कि केजरीवाल अपना सारा मंत्रियन आ विधायकन लेके भाजपा मुख्यालय पहुंचले आ सब कोई के गिरफ्तारी के चुनौती दे रहल बाड़े।

ईमानदारी के बल पऽ ई मोकाम हासिल कइले- विभव के पिता

Bihar News विभव की गिरफ्तारी के बाद केजरीवाल (Arvind Kejriwal) के ई स्टैंड बड़ बात बा। एकरा से स्पष्ट होता कि विभव आम आदमी पार्टी (आप) खातिर महत्वपूर्ण बाड़न। एने, विभव कुमार के पिता महेश्वर राय उर्फ बड़े लाल राय कहले कि विभव अपना निष्ठा आ ईमानदारी के बल पs ई मोकाम हासिल कइले बाड़े।

एगो समय अइसनो आइल रहे, जब आम आदमी पार्टी (AAP) से उनका के राज्यसभा भेजे के तैयारी हो गइल रहे। तब उऽ खुदे अरविंद केजरीवाल के मना कऽ देले रहले। शराब घोटाला में पूछताछ भइल रहे, जेमें उऽ बेदाग निकलले। स्वाति मालीवाल ममलो में उऽ बेदाग निकलीहें, काहेकि जीत हमेशा से सत्य के होखत आइल बा।

गांवे रहेले विभव के पिता

विभव के पिता बीएमपी से स्वैच्छिक सेवानिवृत्ति लेके गांवे में रहेले। उऽ बतवले कि मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के जेल गइला के बाद पार्टी के मजबूती के साथे एगो सूत्र में बांध के राखे में विभव महत्वपूर्ण भूमिका निभवले बाड़े।

उऽ कहले कि उनका न्यायालय पs पूरा भरोसा बा। देश के न्यायपालिके सांच लोगन के बचवले बिया। उनकर बेटा निर्दोष बा आ ई बात न्याय के मंदिरो में साबित होके के रही । ओहिजा, गाँवों के लोग कहल कि विभव एगो नेक, ईमानदार आ कर्मठ आदमी बाड़े। उनकर स्वभाव केहू से मारपीट करे जइसन नइखे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.