Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Honor Killing: बिहार के छपरा में ऑनर किलिंग, जुवक के हत्या क के नदी में फेंकल गइल लाश

508

छपरा: गड़खा थाना क्षेत्र के मीठेपुर में प्रेम प्रसंग में एगो जुवक के हत्या के ममिला सोझा आइल बा। हत्या क के फेंकल गइल शव के पुलिस नदी से बरामद कइलस। परिजनन द्वारा एह ममिला में दु लोगन के आरोपित करत थाना में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा। मृतक गड़खा थाना क्षेत्र के मीठेपुर गांव निवासी तारकेश्वर महतो के 19 बरिस के बेटा नागेंद्र कुमार महतो बतावल गइल ब।

सूचना के बाद पुलिस शव के अपना कब्जा में लेके पोस्टमार्टम खातिर छपरा सदर अस्पताल भेजलस। शव के पोस्टमार्टम करावल गइला के बाद ओकरा के परिजनन के सुपुर्द क दिहल गइल बा।

आरोप बा कि जुवक के भेल्दी थाना क्षेत्र के रायपुरा निवासी नीरज शर्मा आ गोविंदा शर्मा गर दबाके हत्या कइले बा लो। घरवालन के मोताबिक नागेंद्र कुमार महतो के रायपुरा निवासी अनूप शर्मा के पुत्री से प्रेम प्रसंग रहे। फिलहाल प्राथमिकी दर्ज क के पुलिस ममिला के जांच में जुट गइल बिया।

376700cookie-checkHonor Killing: बिहार के छपरा में ऑनर किलिंग, जुवक के हत्या क के नदी में फेंकल गइल लाश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.