Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

राजद के नया होर्डिंग से नीतीश के मुहिम के ताकत- एके लक्ष्य एके विचार, राष्ट्र के गौरव बने बिहार

राजद के एह नया होर्डिंग के संदेश साफ बा कि राज्य में जदयू आ राजद वैचारिक आ लक्ष्य के धरातल प एकजुट बा। आउर लक्ष्य खाली केंद्र के सत्ता से भाजपा के बेदखल कइल बा। होर्डिंग में कइयन गो सियासी संदेश बा।

1,064

पटना में राजद कार्यालय प लागल ताजा होर्डिंग – ‘एक ही लक्ष्य एक विचार, राष्ट्र का गौरव बने बिहार‘, के राज्य आ देश के सियासत खातिर नया संदेश के रूप में देखल जा रहल बा। एकर संदेश राष्ट्रीय स्तर प बिहार के नेतृत्व के भूमिका में स्थापित करे के बा। मानल जा रहल बा कि एकरा खातिर नीतीश कुमार के विपक्षी दलन के एकजुट करे के मुहिम के आउर धारदार बनावल जाई।

बिहार में सात दलन के महागठबंधन आ नीतीश के नेतृत्व में सरकार बनला के बाद कइयन तरे के कयास लगावल जा रहल बा। राजद के ई नया होर्डिंग के संदेश साफ बा कि राज्य में जदयू आ राजद वैचारिक आउर लक्ष्य के धरातल प एकजुट बा लो। लक्ष्य केंद्र के सत्ता से भाजपा के बेदखल कइल बा।

लालू प्रसाद आ नीतीश कुमार समाजवादी विचारधारा के नेता ह लो। नीतीश कुमार बार-बार एकर दुहाई देते रहलें कि हमनी के एके विचारधारा से आवेनी स। राजद के होर्डिंग के दूसरका लाइन राष्ट्र का गौरव बने बिहार, के जदयू के होर्डिंग ‘बिहार में दिखा, अब देश में दिखेगा’ के पूरक मानल जा रहल बा। नीतीश कुमार के पीएम कैंडिडेट बनावे के अंदरखाना जवन कवायद चल रहल बा, ओकरा के राजद के एह होर्डिंग से बल मिलल बा।

महागठबंधन सरकार बनला के बाद जदयू पांच गो नया नारन के होर्डिंग लगववले बिया। एह नारन में- ‘प्रदेश में दिखा, देश में दिखेगा।’ आ दूसरका, आश्वासन नहीं, सुशासन’ रहे। एही तरह तीन गो आउर नारा, ‘मन की नहीं, काम की बात’, ‘जुमला नहीं, हकीकत’ आ ‘आगाज हुआ, बदवाल होगा’ के नारा दिहल गइल रहे।

साभार: हिंदुस्तान

376650cookie-checkराजद के नया होर्डिंग से नीतीश के मुहिम के ताकत- एके लक्ष्य एके विचार, राष्ट्र के गौरव बने बिहार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.