Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर विश्वविद्यालय में 10 शिक्षकन के सौंपल गइल नियुक्ति पत्र, कई लोग के मिलल पदोन्नति

1,693

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में शिक्षकन के भर्ती के लिफाफा सोमार के खोलल गइल। तीन विभाग में 10 शिक्षकन के नियुक्ति पत्र दिहल गइल। अन्य 23 विभागन में 114 शिक्षक के रिक्त पद पर नियुक्ति खातिर टेस्ट, स्क्रीनिंग अउर साक्षात्कार के प्रक्रिया चल रहल बा।

विश्वविद्यालय में सोमार के भइल कार्य परिषद के बैठक में सदस्य सामने नियुक्ति के लिफाफा खोलल गइल। बतावल गइल कि 10 विभागन में अध्यादेश के अनुसार प्रक्रिया पूरा कs लिहल गइल बा, जबकि पांच विभाग में पर्सनल प्रमोशन के भी प्रक्रिया पूरा नाइ भइल बा।

जानकारी के मुताबिक वनस्पति विज्ञान विभाग में 1 प्रोफेसर (सामान्य), 1 एसोसिएट प्रोफेसर (ओबीसी), 1 असिस्टेंट प्रोफेसर (एससी) अउर तीन पदनपर चयन समिति के कौनो भी योग्य अभ्यर्थी नाइ मिललें। अर्थशास्त्र में 1 एसोसिएट प्रोफेसर, 1 असिस्टेंट प्रोफेसर ( एससी) अउर 4 पद पर चयन समिति के कौनो भी योग्य अभ्यर्थी नाइ मिललें। वाणिज्य में 1 असिस्टेंट प्रोफेसर के चयन भइल बा अउर तीन पद पर चयन समिति के कौनो भी योग्य अभ्यर्थी नाइ मिललें।

रसायन विज्ञान में सात पद के सापेक्ष एक प्रोफेसर अउर तीन असिस्टेंट प्रोफेसर के चयन भइल अउर तीन पद पर चयन समिति के कौनो भी योग्य अभ्यर्थी नाइ मिलल। कार्य परिषद सर्वसम्मति से निर्णय लिहले बानें कि जौने पद पर योग्य अभ्यर्थी नइखे मिलल, ओके जल्दिए विज्ञापित कइल जाई।

प्राणी विज्ञान में छह शिक्षकन के भइल नियुक्ति

प्राणी विज्ञान विभाग में 8 पद में 1 एसोसिएट प्रोफेसर (एससी), 2 असिस्टेंट प्रोफेसर (सामान्य), 1 असिस्टेंट प्रोफेसर (एससी), 1 असिस्टेंट प्रोफेसर (ओबीसी), 1 असिस्टेंट प्रोफेसर (ईडब्ल्यूएस) के चयन भइल बा अउर दू पद पर चयन समिति के कौनो भी योग्य अभ्यर्थी नाइ मिलल। कंप्यूटर साइंस, इलेक्ट्रॉनिक्स अउर राजनीति विज्ञान विभाग में चयन समिति के कौनो योग्य अभ्यर्थी नाइ मिलल।

एह शिक्षकन के मिलल पदोन्नति

कॅरियर एडवांसमेंट स्कीम के तहत प्राणि विज्ञान विभाग के डॉ. केशव सिंह के एसोसिएट प्रोफेसर से प्रोफेसर अउर डॉ. एसके तिवारी के असिस्टेंट से एसोसिएट प्रोफेसर, राजनीति विज्ञान विभाग के डॉ निशा जायसवाल के एसोसिएट प्रोफेसर से प्रोफेसर, प्राचीन इतिहास विभाग के डॉ रामप्यारे मिश्र के असिस्टेंट प्रोफेसर से एसोसिएट प्रोफेसर, वाणिज्य विभाग के डॉ मनीष श्रीवास्तव को एसोसिएट प्रोफेसर से प्रोफेसर, रसायन शास्त्र विभाग के चार शिक्षक डॉ सोमशंकर दुबे, डॉ निखिल कांत शुक्ला, डॉ नेत्रपाल, डॉ अखिलेश श्रीवास्तव के एसोसिएट प्रोफेसर से प्रोफेसर पद पर पदोन्नत कइल गइल।

कार्य परिषद के दूसर महत्वपूर्ण निर्णय

कार्यसमिति में लिहल गइल दूसर महत्वपूर्ण निर्णय में से नयका शिक्षा नीति के अंतर्गत विश्वविद्यालय के अधिनियम अउर परिनियम में होखे वाले परिवर्तन पर सुझाव देहले खातिर कार्य परिषद के सदस्य प्रो राम अचल सिंह के अध्यक्षता में समिति गठित कइले पर सहमति बनल।

एकरे साथही पूर्वांचल इनक्यूबेशन सेंटर में चीफ एग्जीक्यूटिव ऑफिसर, मैनेजर अउर एपीआरओ के नियुक्ति के बारे में भी कार्य परिषद के जानकारी दीहल गइल। अध्यक्षता कुलपति प्रो राजेश सिंह कइलें। बैठक मेें प्रो राम अचल सिंह, डॉ प्रदीप राव, अनिल सिंह, बलिया विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो कल्पलता पांडेय, वशिष्ठ नारायण त्रिपाठी आदि लोग मौजूद रहल।

374210cookie-checkगोरखपुर विश्वविद्यालय में 10 शिक्षकन के सौंपल गइल नियुक्ति पत्र, कई लोग के मिलल पदोन्नति

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.