Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एसआईपी : अगस्त में रिकॉर्ड 12693 करोड़ के निवेश, म्यूचुअल फंड में 10 महीना के बड़ गिरावट

1,368

सिस्टमेटिक इन्वेस्टमेंट प्लान (एसआईपी) में एह साल अगस्त में निवेश बढ़ के 12,693.45 करोड़ रुपया के सार्वकालिक उच्च स्तर पर पहुंच गइल। ए साल ई लगातार चौथा महीना ह, जब एसआईपी में निवेश 12,000 करोड़ रुपया से ज्यादा रहल। उहवें, घरेलू शेयर बाजार में अस्थिर माहौल के बीच एह दौरान इक्विटी म्यूचुअल फंड में 6,120 करोड़ रुपया का निवेश आइल, जौन अक्तूबर, 2021 के बाद पिछले 10 महीना में सबसे कम बा।

ओ दौरान 5,215 करोड़ के निवेश भइल रहे। एसोसिएशन ऑफ म्यूचुअल फंड्स इन इंडिया (एम्फी) के सुक्क के जारी आंकड़ा के मुताबिक, अगस्त में एसआईपी निवेश में सालाना आधार पर 28 फीसदी अउर मासिक आधार पर 4.56 फीसदी के बढ़ोतरी देखे के मिलल।

एह दौरान म्यूचुअल फंड एसआईपी के प्रबंधन के तहत परिसंपत्ति (एयूएम) बढ़ के 6.39 लाख करोड़ रुपया के सार्वकालिक उच्च स्तर पर पहुंच गइल। एसआईपी खाता के संख्या भी रिकॉर्ड 5.71 करोड़ से बेसी के स्तर पर पहुंच गइल, जबकि जुलाई में ई आंकड़ा 5.61 करोड़ से बेसी रहल। एह दौरान 21.13 लाख नयका एसआईपी खाता पंजीकृत भइल।

एह साल 5वीं बेर 12,000 करोड़ निवेश

महीना रकम
जनवरी 11.5
फरवरी 11.4
मार्च 12.3
अप्रैल 11.9
महीना रकम
मई 12.3
जून 12.3
जुलाई 12.1
अगस्त 12.7
नोट : रकम हजार करोड़ रुपया में

म्यूचुअल फंड : लगातार 18वें महीना शुद्ध निवेश घटल

इक्विटी म्यूचुअल फंड अब निवेशकन खातिर पहिला पसंद नाइ रहल। अगस्त में म्यूचुअल फंड में शुद्ध निवेश लगातार 18वें महीने घटल बा। एह दौरान शुद्ध निवेश जुलाई के 8,898 करोड़ से कम रहल। ई आंकड़ा जून में 18,529 करोड़ रुपया अउर मई में 15,890 करोड़ रुपया रहल। मार्च, 2021 से इक्विटी योजना में शुद्ध निवेश के प्रवाह देखल जा रहल बा। जुलाई, 2020 से फरवरी, 2021 तक योजना में लगातार आठ महीने निकासी भइल रहे। एह दौरान एह योजना से कुल 46,791 करोड़ निकालल गइल रहे।

अन्य फंड में शुद्ध निवेश

डेट म्यूचुअल फंड में पिछले महीने 49,164 करोड़ के शुद्ध निवेश आइल। जुलाई में ई आंकड़ा 4,930 करोड़ रहल। हालांकि, हाइब्रिड म्यूचुअल फंड में 6,601 करोड़ अउर गोल्ड ईटीएफ में 38 करोड़ के शुद्ध निकासी भइल। कुल मिला के म्यूचुअल फंड उद्योग में जुलाई में 23,605 करोड़ रुपया के तुलना में अगस्त में 65,077 करोड़ रुपया के शुद्ध निवेश आइल बा।

एयूएम सार्वकालिक उच्च स्तर पर

म्यूचुअल फंड के उद्योग के शुद्ध एयूएम बढ़कर 39.33 लाख करोड़ रुपया के सार्वकालिक उच्च स्तर पर पहुंच गइल। जुलाई में ई आंकड़ा 37.75 लाख करोड़ रहल रहे।

त्योहारी मांग से यात्री वाहन के बिक्री में 21% बढ़त

सेमीकंडक्टर के आपूर्ति में सुधार अउर त्योहारी मांग के वजह से अगस्त में यात्री वाहन के थोक बिक्री सालाना आधार पर 21 फीसदी बढ़कर 2,81,210 इकाई पहुंच गइल। अगस्त, 2021 में कुल 2,32,224 यात्री वाहन बिकल रहे। सोसायटी ऑफ इंडियन ऑटोमोबाइल मैन्युफैक्चरर्स (सियाम) के आंकड़न के मुताबिक, एह दौरान सब श्रेणी के वाहन के बिक्री 18% बढ़ के 18,77,072 इकाई पहुंच गइल। कार के थोक बिक्री 23 फीसदी बढ़कर 1,33,477 इकाई पहुंच गइल।

दोपहिया अउर तिपहिया बिक्री में भी उछाल

आंकड़ों के मुताबिक, दोपहिया वाहनन के बिक्री अगस्त में 16 फीसदी बढ़ के 15,57,429 इकाई पहुंच गइल। एह दौरान कुल 10,16,794 मोटरसाइकिल बिकल, जौन पिछले साल अगस्त से 23 फीसदी ज्यादा बा। स्कूटर बिक्री भी 10 फीसदी बढ़ के 5,04,146 इकाई पहुंच गइल। तिपहिया वाहन के बिक्री 63 फीसदी बढ़ के 38,369 इकाई पर पहुंच गइल।

मांग बढ़ले के उम्मीद

अच्छे मानसून अउर त्योहारी सीजन में वाहन के मांग बढ़ले के उम्मीद बा। आपूर्ति पक्ष के चुनौतियन पर कड़ा नजर बा। –राजेश मेनन, महानिदेशक, सियाम

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.