Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

2 बेर के चैंपियन वेस्टइंडीज वर्ल्ड कप से बाहर:आयरलैंड क्वालिफाइंग राउंड में 9 विकेट से हरवलस, पहिला बेर मेन राउंड में ना पहुंचल इंडीज

488
Google Ads 300*250 for posts

टी-20 वर्ल्ड कप 2022 में सुक के सबसे बड़ उलटफेर भइल। 2 बेर एह खिताब के जीते वाला वेस्टइंडीज क्वालिफाइंग राउंड में टूर्नामेंट से बाहर हो गइल। आयरलैंड विश्वविजेता टीम के 9 विकेट से हरा देलस।

अइसन पहिला बेर बा, जब कवनो विश्वविजेता टीम मेन राउंड में नइखे पहुंचल। वेस्टइंडीज 2012 आ 2016 में टी-20 वर्ल्ड कप के खिताब जीतले रहे।

IRE vs WI: T20 World Cup 2022: टी20 वर्ल्ड कप के 11वां मुकाबला होबार्ट में वेस्टइंडीज आ आयरलैंड के बीच खेलल गइल बा। ग्रुब-बी के एह मुकाबला में आयरलैंड वेस्टइंडीज के नौ विकेट से हराके सुपर-12 में आपन स्थान बना लेलस। दु बेर के चैंपियन वेस्टइंडीज पहिलही राउंड में टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बा।

IRE vs WI T20 Live: आयरलैंड सुपर-12 में पहुंचल

आयरलैंड ग्रुप बी में वेस्टइंडीज के हराके टूर्नामेंट से बाहर क देले बा। ऊ एह मुकाबला के नौ विकेट से अपना नामे क लेलेस। वेस्टइंडीज टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में पांच विकेट प 146 रन बनवलस। जवाब में आयरलैंड के टीम 17.3 ओवर में एक विकेट प 150 रन बनाके मैच के अपना नामे क लेलस। ओकरा खातिर विस्फोटक बल्लेबाज पॉल स्टर्लिंग 48 गेना प नाबाद 66 रन बनवले। लोर्कन टकर 35 गेना प 45 रन बनाके नाबाद रहले। कप्तान एंड्रयू बालबर्नी 23 गेना प 37 रन बनवले। आयरलैंड के जीत के असली हीरो स्पिनर गैरेथ डेनली रहले। ऊ चार ओवर में 16 रन देके तीन विकेट लेले। ऊ इविन लुईस, निकोलस पूरन आ रॉवमन पॉवेल के आउट कइले रहस।

 

359510cookie-check2 बेर के चैंपियन वेस्टइंडीज वर्ल्ड कप से बाहर:आयरलैंड क्वालिफाइंग राउंड में 9 विकेट से हरवलस, पहिला बेर मेन राउंड में ना पहुंचल इंडीज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.