Spicejet Salary Hike: स्पाइसजेट पायलटन के देलस बड़ तोहफा, बढ़वलस सैलरी, हर महीना मिली एतना लाख रुपिया

Anurag Ranjan

Spicejet Salary Hike: स्पाइसजेट अपना पायलटन के दिवाली में बड़ तोहफा विमानन कंपनी पायलटन के सैलरी स्ट्रक्चर (Salary)में बदलाव करत ओह लोगन के मासिक सैलरी में इजाफा करे के घोषणा कइले बिया।

बता दीं कि अब पायलटन के हर महीना 80 घंटा के फ्लाइट सात लाख रुपिया के भुगतान कइल जाई। सैलरी में बढ़न्ती 2 नवंबर 2022 से लागू कइल जाई।

स्पाइसजेट (Spicejet) 80 पायलटन के भेजले रहे छुट्टी प

गौर करे वाला बात कि स्पाइसजेट पिछला महीना आपन आर्थिक हालत हवाला देत अपना 80 पायलटन के बिना वेतन माने कि  लीव विदआउट पे प भेज दिया था। इन पायलटों को तीन महीने तक लीव विदआउट पे पर रहे के पड़ल रहे। एह 80 पायलटन में से 40 पायलट B737 एयरक्राफ्ट के रहे लो, जबकि Q400 एयरक्राफ्ट के 40 पायलट रहे लो।

एह फसीला के ठीक एक महीना बादे स्पाइसजेट के सब पायलटन के सैलरी में बड़ हाइक देके कंपनी चौंका देले बिया। हालांकि, कंपनी अपना बयान में बतवले बिया कि एह पायलटन के छंटनी ना बलुक अस्थायी तौर प छुट्टी प भेजल गइल रहे। जवना से कंपनी के लागत कम करे आ खर्च घटावे में मदद मिली।

न्यूज एंजेंसी आइएनएस के एगो रिपोर्ट के मोताबिक, पिछला महीना स्पाइसजेट पायलटन के सैलरी में 6 फीसद के इजाफा कइले रहे। अब अक्टूबर में 20 प्रतिशत के हाइक कंपनी दे रहल बिया।

स्पाइसजेट के ECLGS लोन भइल मंजूर

समाचार एजेंसी पीटीआई सूत्रन के हवाला से 2 सितंबर के बतावल रहे कि केंद्र सरकार के ECLGS क्रेडिट गारंटी स्कीम के तहत कंपनी के 225 करोड़ रुपिया के राशि मिली।

स्पाइसजेट के चीफ फ्लाइट ऑपरेशन गुरचरण अरोरा कहले कि केंद्र सरकार के ECLGS क्रेडिट गारंटी स्कीम के तहत लोन मंजूर हो गइल बा। एकर पहिला किस्त हमनी के मिल गइल बा। ओइसे ऊ ई ना बतवले कि कंपनी के एमे केतना पईसा मिलल बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।