Maha Kumbh 2025: हरपालपुर में झांसी से प्रयागराज जा रहल कुंभ मेला स्पेशल ट्रेन पs पथराव

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 28, 2025

सेंट्रल डेस्क : मध्यप्रदेश के छतरपुर जिला के हरपालपुर स्टेशन पs झांसी से प्रयागराज जा रहल कुंभ मेला स्पेशल ट्रेन पs पथराव के ममिला सामने आइल बा। बतावल जा रहल बा कि ट्रेन के गेट

Share

ट्रेन में तोड़फोड़


सेंट्रल डेस्क :
मध्यप्रदेश के छतरपुर जिला के हरपालपुर स्टेशन पs झांसी से प्रयागराज जा रहल कुंभ मेला स्पेशल ट्रेन पs पथराव के ममिला सामने आइल बा। बतावल जा रहल बा कि ट्रेन के गेट ना खोलला पs स्टेशन पs मवजूद यात्री कोच पs पथराव कs दिहल लो।

गौर करे वाला बात बा कि मौनी अमावस्या के लेके ट्रेनन में श्रद्धालुअन के बहुते भीड़ जुट रहल बा। अइसन में जब ट्रेन झांसी से चलके हरपालपुर के रेलवे प्लेटफार्म पs पहुंचल तs अंदर मवजूद यात्री ट्रेन के गेट ना खोलल लो। अंदर बइठल यात्री गेट लॉक कs के रखले रहे लो। गेट ना खोलला से प्लेटफार्म पs मवजूद भीड़ आक्रोशित हो गइल आ कोच पर पथराव कs दिहल। एकरा से ट्रेन के शीशा टूट गइल। एह घटना के बाद ट्रेन में बइठल यात्रियन में भगदड़ मच गइल। खजुराहो आ छतरपुर में लोगन के उपद्रव करे के सूचना बा।

मवका पs पहुंचल पुलिस टीम

हरपालपुर थाना प्रभारी पुष्पक शर्मा बतवलें कि घटना के जानकारी मिलतही हरपालपुर थाना के टीम मवका पs पहुंचल। सभे के समझवला के बाद ट्रेन के रवाना कइल गइल। रात करीब दु बजे हरपालपुर रेलवे स्टेशन पs कुछ लोग पथराव कइले रहे।

रेलवे मंडल झांसी के पीआरओ मनोज सिंह बतवलें कि प्रयागराज जाये खातिर लोगन के भीड़ लागल रहे। कुछ महिला आ पुरुष ट्रेन के गेट के खोले खातिर कहत रहे लो। जब गेट ना खुलल तs लोग हंगामा सुरू कs दिहल। वीडियो में कुछ लोग कांच में तोड़फोड़ करत दिख रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.