[the_ad_group id="30365"]

Bihar: बेगूसराय में भ्रष्टाचार के भेंट चढ़ल बूढ़ी गंडक पs बनल पुल, उद्घाटन से पहिले भइल धराशाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar के बेगूसराय में भ्रष्टाचार के भेंट एगो पुल चढ़ गइल। बतावल जा रहल बा कि पूरा ममिला बेगूसराय जिला के साहेबपुर कमाल प्रखंड क्षेत्र में कीर्तिटोल आहोक घाट आ विष्णुपुर आहोक पंचायत के बीच बुढ़ी गंडक नदी पs बनल पुल के हs। एह पुल के निर्माण मुख्यमंत्री नाबार्ड योजना के तहत ग्रामीण कार्य विभाग के द्वारा कइल गइल रहे। बाकिर ई नवनिर्मित उच्च स्तरीय आरसीसी पुल उद्घाटन से पहिलही सनीचर के देर रात टूट के धराशाई हो गइल। रात के बेरा हादसा होखला से जानमाल के क्षति ना भइल, निर्माण के तीन बरिस के भीतरे पुल के टूटके गिर गइला से स्थानीय लोग में आक्रोश बा।

दु दिन पहिले ग्रामीण लोग धसान के देले रहे सूचना

बतावल जा रहल बा कि दु दिन पहिलही पाया नंबर दु आ तीन के बीच क्रैक आ धसान देखके ग्रामीण लोग एकर सूचना वरीय पदाधिकारियन के देले रहे। जवना के बाद बलिया एसडीओ रोहित कुमार, डीएसपी कुमार वीर धीरेंद्र सहित आउर अधिकारी उहां पहुंच के इस्थिति के जायजा लेले रहे। प्रशासन के द्वारा पुल पs लोगन के आवागमन पूरा तरे से बन कs दिहल गइल रहे। ओहू दिन स्थानीय लोग जमके हंगामा कइले रहे। एकरा संगही पुल के निर्माण में घटिया सामग्री के इस्तेमाल करे वाला एजेंसी के विरुद्ध कार्रवाई करे के मांग कइल गइल रहे।

लमहर समय से होत रहे पुल निर्माण के मांग

बतावल जा रहल बा कि इहां बूढ़ी गंडक नदी पs पुल निर्माण के लेके लमहर समय से मांग उठावल जात रहे। 2012-13 में साहेबपुर कमाल विधानसभा क्षेत्र के तत्कालीन विधायक सह मंत्री परवीन अमानुल्लाह के अनुशंसा पs मुख्यमंत्री नाबार्ड योजना से रहुआ पंचायत के कीर्तिटोल आहोक घाट आ विष्णुपुर आहोक पंचायत के बीच बूढ़ी गंडक नदी पs पुल बनावे के स्वीकृति मिलल। 1343.32 लाख के लागत से 206 मीटर लमहर उच्च स्तरीय आरसीसी पुल के निर्माण भगवती कंस्ट्रक्शन द्वारा करावल गइल। पुल निर्माण स्थल पs लगावल गइल बोर्ड के मोताबिक 1343.32 लाख के लागत से बनल एह पुल के अनुरक्षणो 31.72 लाख से होखे के रहे। काम सुरू होखला के तारीख  23 फरवरी 2016 आ समाप्ति तिथि 22 अगस्त 2017 बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]