Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शाह बोललें- नीतीश खातिर भाजपा के दरवाजा बंद: कहलें- 2024 में बिहार सरकार गिर जाई, दंगाइयन के उल्टा लटकाके सीधा कइल जाव

कांग्रेस, जेडीयू, आरजेडी, टीएमसी अयोध्या में श्री राम के मंदिर बने के विरोध करत रहे। मोदी जी एक दिन सबेरे श्री राम मंदिर के शिलान्यास कs देलें आ आसमानो से ऊंचा राम मंदिर बने के सुरूआत हो गइल बा। 

1,661

बिहार में रामनवमी के बाद भइल हिंसा के बीच गृह मंत्री अमित शाह अतवार के नवादा पहुंचलें। शाह हिसुआ में आयोजित सम्राट अशोक जयंती कार्यक्रम में आइल रहस। गृह मंत्री अपना 21 मिनट के भाषण में कहलें कि नीतीश खातिर भाजपा के दरवाजा अब हमेशा खातिर बंद हो गइल बा। 2024 लोकसभा चुनाव के बाद महागठबंधन सरकार गिर जाई आ हमनी के सरकार आई।

शाह हाले में पांच जिलन में भइल हिंसा के जिकिरो कइलें। ऊ कहलें- हमर सासाराम जाये के रहे, बाकिर दुर्भाग्य बा कि उहां लोग मारल जा रहल बा। गोली चल रहल बा। एहिसे उहां ना जा सकनी, हम उहां के जनता से एहिजा से क्षमा मांगत बानी। बाकिर अगिला बेर उहां जरूर जाएम। ऊ कहलें कि हमनी के सरकार बनला पs दंगा करे वालन के उल्टा लटकाके सीधा करे के काम कइल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

लालू जी भूल जाई कि नीतीश रउआ बेटा के CM बनइहें

अमित शाह कहलें कि नीतीश बाबू के PM बने के बा, तेजस्वी के CM बने के बा। एह लोग के बीच बिहार के जनता पिस रहल बिया, बाकिर देस के जनता तय कइले बिया कि मोदी के तीसरको बेर प्रधानमंत्री बनावल जाई। एहिसे लालू जी ई भूल जास कि नीतीश कुमार उनका बेटा के मुख्यमंत्री बनइहें। शाह कहलें कि लालू के बेटा नीतीश के सांप, पलटूराम आ इहां ले की गिरगिटो कह डललें, बाकिर नीतीश बाबू प्रधानमंत्री बने खातिर उनका साथे चल गइले।

नीतीश-ललन बाबू खातिर दरवाजा बंद

अमित शाह कहलें- हम एगो बात स्पष्ट कs देत बानी कि 2024 लोकसभा के चुनाव परिणामन के बाद नीतीश बाबू आ लल्लन बाबू के भाजपा में वापस ना लिहल जाई। नीतीश बाबू आ लल्लन बाबू खातिर भाजपा के दरवाजा हमेशा खातिर बंद हो चुकल बा। जातिवाद के जहर घोरे वाला नीतीश बाबू आ जंगलराज के प्रणेता लालू प्रसाद… एह दुनो के संगे भाजपा कबो राजनीतिक सफर नइखे तय कs सकत।

राज्यपाल के फोन कइनी तs ललन सिंह बुरा मान गइलें 

केंद्रीय गृहमंत्री कहलें कि हम राज्यपाल के फोन कइनी तs ललन सिंह बुरा मान गइलें। ऊ कहेले कि बिहार में काहे हस्तक्षेप करत बानी? हम कहेनी- हम केंद्रीय गृह मंत्री हई। बिहारो हमार जिम्मेदारी हs। नीतीश कुमार के सत्ता के भूख रउआ के लालू के गोदी में बइठे पs मजबूर कs देलस। हमनी के कवनो मजबूरी नइखे। हमनी के जनता के बीच जाएम सs। लोगन के बताएम सs। महागठबंधन के सरकार के जड़ से उखाड़ फेंकल जाई।

नीतीश से पूछलें- लालू के संगे रउआ गइनी, ऊ बिहार के का देलें बाड़ें 

नीतीश बाबू रउआ अपना जिनगी में कइयन गो पार्टी बदलले बानी, कइयन लोगन के धोखा देले बानी बाकिर जवना UPA में लालू के संगे रउआ गइल बानी, ऊ बिहार के का देलें बाड़ें? 2009 से 2013 ले बिहार के खाली 50 हजार करोड़ रुपिया के बजट केंद्र देले रहे। आ 2014 से 2019 में मोदी जी 50 हजार करोड़ रुपिया से बढ़ाके 1 लाख 9 हजार करोड़ रुपिया बिहार के देवे के काम कइलें बाड़ें।

जेडीयू राम मंदिर के विरोध कइलस, मोदी शिलान्यास कs देलें

कांग्रेस, जेडीयू, आरजेडी, टीएमसी अयोध्या में श्री राम के मंदिर बने के विरोध करत रहे। मोदी जी एक दिन सबेरे श्री राम मंदिर के शिलान्यास कs देलें आ आसमानो से ऊंचा राम मंदिर बने के सुरूआत हो गइल बा।

भाजपा के सरकार बनाई, दंगाइयन के उल्टा लटका के सीधा कइल जाई

आज समूचा बिहार चिंता कs रहल बा… बिहारशरीफ में आग लागल बा, सासाराम में आग लागल बा। 2024 में मोदी जी के पूर्ण बहुमत दिही लो आ 2025 में बिहार में भाजपा के सरकार बनाई… एह दंगा करे वालन के उल्टा लटका के सीधा करे के काम भाजपा करी।

500420cookie-checkशाह बोललें- नीतीश खातिर भाजपा के दरवाजा बंद: कहलें- 2024 में बिहार सरकार गिर जाई, दंगाइयन के उल्टा लटकाके सीधा कइल जाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.