गोरखपुर में पति अपना पत्नी के सब्बल मारके हत्या कइलस: दुगो बेटियनो पs कइलस हमला, गंभीर हालत में BRD मेडिकल कॉलेज में भर्ती

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 6, 2023

गोरखपुर में अतवार के तलाकशुदा पति अपना पहिला पत्नी के माथा पs सब्बल से ताबड़तोड़ हमला कs देलस। जवना से ओकर जान चल गइल। बचाव में आई दुगो बेटियन के माथा पs ऊ हमला कइलस।

Share

गोरखपुर में अतवार के तलाकशुदा पति अपना पहिला पत्नी के माथा पs सब्बल से ताबड़तोड़ हमला कs देलस। जवना से ओकर जान चल गइल। बचाव में आई दुगो बेटियन के माथा पs ऊ हमला कइलस। जवना से दुनो गंभीर रूप से घायल हो गइल। फिलहाल BRD मेडिकल कॉलेज में ओकर इलाज चल रहल बा। जहां दूनों की हालत गंभीर बनल बा। घटना के बाद से आरोपी पति उमेश साहनी फरार बा। घटना रामगढ़ताल इलाका के कटिया बंधा के लगे के बा।

उमेश साहनी नगर निगम में कर्मचारी हs। कटिया बंधा के लगे ओकर मकान बा, जवना के कुछ हिस्सन के ऊ किराया पs देले बा। पहिला पत्नी पूनम देवी से उमेश के तलाक हो गइल बा। उमेश पत्नी के दुनो बेटियन 19 साल के तनुजा साहनी आ 20 साल के अनामिका साहनी आ 10 साल के बेटा राज के संगे घर से निकाल देले रहे। पत्नी कोर्ट में केस कइले रहे। जवना पs कोर्ट घर में एगो कमरा आ गुजारा भत्ता देने का आदेश कइले रहे। अतवार के पूनम अपना दु बेटियन के संगे घर पs पहुंच गइल।

बेटियन पs कइलस हमला

ओह समय उमेश घर पs ना रहे आ ओकर दूसरका पत्नी प्रिया यादव मायके गइल रही। सीसा तुड़के एगो बेटी घर में गइली आ फेर केवाड़ी अंदर से खोलल, जवना के बाद आउर लोग अंदर चल गइल। तीनों कमरन में जाके उहवां पs दूसरका पत्नी प्रिया यादव के सामान के आग लगा दिहल लो आ ओहि कमरा में खुद के सामान रख देलस। तब उमेश उ हां पहुंचल बा आ दुनों के बीच विवाद होखे लागल। आरोप बा कि एही दौरान सब्बल से उमेश पूनम के माथा पs हमला कs दिहल। मां पs हमला देखके बेटी बचावे गइली सs तs ओकनी के माथा पs उमेश हमला कs देलस। हमला से पत्नी के मौत हो गइल आ दुगो बेटी घायल हो गइली सs।

आरोपी के जल्दी होई गिरफ्तारी

CO कैंट मानुष पारीक कहलें कि कोर्ट के आदेस पs पत्नी खुद लईकन के संगे घर में घुस गइल। पति के वापस अइला पs ओकर विवाद हो गइल। पति पत्नी आ बेटियन पs हमला कs देलस। जवना से पत्नी के मौत हो गइल। दुनो बेटी घायल हो गइली सs। दुनों के भर्ती करावल गइल बा। आरोपी के जल्दिए गिरफ्तार कs लिहल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.