FIFA World Cup 2022: नेमार के कमाल से क्वार्टर फाइनल में पहुंचल ब्राजील, दक्षिण कोरिया के 4-1 से हरवलस 

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 6, 2022

FIFA World Cup 2022 Brazil vs South Korea: ब्राजील के टीम फीफा वर्ल्ड कप 2022 के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बिया। सोमार के देर रात खेलल गइल छठा प्री-क्वार्टर फाइनल मुकाबला में ब्राजील दक्षिण

Share

FIFA World Cup 2022 Brazil vs South Korea: ब्राजील के टीम फीफा वर्ल्ड कप 2022 के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल बिया। सोमार के देर रात खेलल गइल छठा प्री-क्वार्टर फाइनल मुकाबला में ब्राजील दक्षिण कोरिया के 4-1 से करारा शिकस्त देलस। एह जीत के संगे ब्राजील लगातार आठवां बेर वर्ल्ड कप के क्वार्टर फाइनल में जगह बनवले बा। अब क्वार्टर फाइनल में ब्राजील के सामना पिछला वर्ल्ड कप के उप विजेता क्रोएशिया से होई। क्रोएशिया सोमार के प्रीराउंड ऑफ-16 मैच में जापान के पेनल्टी शूटआउट में 3-1 से हरवले रहे।

ब्राजील पहिलके हाफ में चारों गोल कइलस। एही के साथे ब्राजील के टीम वर्ल्ड कप के नॉकआउट में पहिला हाफ में चार गोल करे वाली 2014 के बाद पहिला टीम हs। मैच में सबसे पहिले 7वें मिनट में विनीशियस जूनियर ब्राजील खातिर पहिला गोल दगलें। एकरा बाद 13वां मिनट में नेमार पेनल्टी पर गोल कइलें आ 29वां मिनट में रिचार्लिसन सेट पीस में एगो बेहतरीन गोल कइललें। एकरा के ‘गोल ऑफ द टूर्नामेंट’ कहल जा रहल बा। ओहिजा 36वां मिनट में लुकस पकेटा एगो आउर गोल कर के ब्राजील के 4-0 के बढ़त दिलवलें। जबकि कोरिया खातिर एकमात्र गोल 76वां मिनट में पाइक सियुंग हो कइलें।

ब्राजील के जीत के हीरो नेमार रहले, ऊ एगो गोल कइलें आ एगो असिस्ट कइलें। नेमार चोट के चलते पिछला दु मुकाबलन से बाहर चलत रहस, बाकिर एह मैच में ऊ जबरदस्त वापसी कइलें। नेमार पेनल्टी पर गोल कइलें। एही के संगे ई नेमार के ब्राजील खातिर 76वां गोल रहल आ ऊ अब अपना देस खातिर सबसे ज्यादा गोल करे वाला खिलाड़ी बनला से खाली दु डेग दूर बाड़ें। ब्राजील खातिर सबसे जादे गोल (77) पेले कइले रहस।

नेमार वर्ल्ड कप के कम से कम तीन संस्करण में गोल करे वाला ब्राजील के मात्र तीसरा खिलाड़ी बन गइल बाड़ें। नेमार 2014, 2018 आ 2022 वर्ल्ड कप में गोल कर चुकल बाड़ें। नेमार से पहिले महान फुटबॉलर पेले (1959, 1962, 1966, 1970) आ रोनाल्डो नजारियो (1998, 2002, 2006) अइसन कइले बा लो। पेले एह ममिला में नेमार आ रोनाल्डो से आगे बाड़ें। नेमार रोनाल्डो के बराबरी कइलें।

ओहिजा क्रोएशिया सोमार के वर्ल्ड कप के प्री-क्वार्टर फाइनल में पेनल्टी शूटआउट में जापान को 3-1 से शिकस्त देलें। जापान के खिलाफ पेनल्टी शूटआउट में सानदार खेल देखावत तीन गोल बचवलें आ अपना टीम के अंतिम आठ में पहुंचावे में अहम जोगदान देलें। नियमित समय में स्कोर 1-1 से बराबर रहल। एकरा बाद अतिरिक्त समय में दुनो टीम गोल करे में विफल रहे। क्रोएशिया के ओर से निकोला व्लासिच, मार्सेलो ब्रोजोविच आ मारियो पसालिच गोल करे में सफल रहे लोग।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.