Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

यूपी में कांग्रेसी लोग अध्यक्ष पद खातिर कइल मतदान, मुख्यालय पहुंचलें नेता

582
कांग्रेस के राष्ट्रीय अध्यक्ष पद खातिर मतदान के प्रक्रिया शुरू हो चुकल बा। पूरे देश में कांग्रेस सदस्य नया अध्यक्ष के चुनाव खातिर मतदान कर रहल बानें।
लखनऊ में कांग्रेस मुख्यालय में प्रदेश के नेता लोग मतदान कइल। एह दौरान सभे खुश नजर आइल अउर कांग्रेस मुख्यालय में भी गहमागहमी मचल रहल। कांग्रेस अध्यक्ष पद खातिर वरिष्ठ नेता मल्लिकार्जुन खरगे अउर शशि थरूर मैदान में बानें।
22 साल बाद कांग्रेस में अध्यक्ष पद के चुनाव खातिर चुनाव हो रहल बा। कांग्रेस के वर्तमान अध्यक्ष सोनिया गांधी अउर पार्टी महासचिव प्रियंका गांधी वाड्रा दिल्ली में मतदान कइली जबकि राहुल गांधी कर्नाटक में मतदान कइलें।
357300cookie-checkयूपी में कांग्रेसी लोग अध्यक्ष पद खातिर कइल मतदान, मुख्यालय पहुंचलें नेता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.