अमेरिका में आए दिन गोलीबारी के खबर सोझे आ रहल बा। अब दक्षिणी अमेरिकी राज्य उत्तरी कैरोलिना से अइसने खबर सामने आइल बा। जानकारी के मुताबिक, साँझ पांच बजे के बाद इहां के एक रिहायशी इलाके में गोलीबारी भइल जेमें एगो ऑफ-ड्यूटी पुलिसकर्मी सहित पांच लोग के मारल गइले के खबर बा।
मेयर मैरी-एन बाल्डविन वारदात में पांच लोग के मौत के पुष्टि कइल गइल बा। उनकर कहनाम बा कि एह घटना में कम से कम चार लोग घायल भइल बा। जिनके तुरंत अस्पताल ले जाइल गइल, जहां उनकर इलाज चल रहल बा।
पुलिस शुरू कइलस जांच
उहवें एह मामला में रैले पुलिस विभाग के ओर से भी बयान जारी कइल गइल बा। वारदात वाले इलाका में लोग के आगाह कइल गइल बा कि ऊ बिना जरूरी काम के घर से बाहर न निकलें। पूरा इलाका में सख्ती बढ़ा देहल गइल रहे। एकरे अलावा एह मामला में उत्तरी कैरोलिना के गवर्नर रॉय कूपर शहर के मेयर से भी बात कइले बानें अउर पूरे इलाका में सख्त कानून व्यवस्था लागू करे के निर्देश दिहले बानें।
गिरफ्त में आइल आरोपी
उत्तरी कैरोलिना राज्य में भइल गोलीबारी के मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। मीडिया रिपोर्ट्स के हवाले से सोझे आइल खबर के मुताबिक, अरोपी के गिरफ्तारी जॉर्जिया से भइल बा। एहसे पहिले खबर आइल रहे कि संदिग्ध फरार बा। हालांकि, बाद में स्पार्टनबर्ग काउंटी शेरिफो गिरफ्तारी के पुष्टि कइले बानें। हालांकि, रैले पुलिस विभाग के ओर से अभीन एह मामला में कौनो प्रतिक्रिया नइखे आइल। शहर के मेयर मैरी-एन बाल्डविन कहलें, ई रैले शहर खातिर एगो कष्टकारी औ दुखद दिन बा।