Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बस एक्सीडेंट्स के रोके खातिर गडकरी के नया प्लान: यात्रियन के सेफ्टी खातिर बस बनावे खातिर नया मानकन के मंजूरी देलें 

349

देस में बढ़त बस एक्सीडेंट्स के लेके केंद्रीय सड़क आ परिवहन मंत्री नितिन गडकरी सुक के चिंता जतवलें। ऊ अपना एक्स अकाउंट पs नया प्लान शेयर करत लिखलें- भारत में बस के बॉडी के क्वालिटी के बढ़ावे के जरूरत बा। एकरा खातिर हम भारत-NCAP के तहत नया मानकन के आपन मंजूरी दे देलें बाड़ें।

ऊ बतवलें कि ई नया मानक ओरिजिनल इक्विपमेंट मैन्यूफैक्चर्स (OEM) आ बस के बॉडी बनावे वाली कंपनियन, दुनो पs समान रूप से लागू होई। हालांकि मानकन में का बदलाव कइल गइल बा एकर अभी जानकारी नइखे दिहल गइल बा।

बदलाव से बस यात्रियन के सुविधा आ आराम के अहसास होई 

गडकरी बतवलें कि ई बदलाव बस दुर्घटनन के बढ़त संख्या के देखत एगो बड़ डेग बा, जवन सड़क सुरक्षा के लिहाज से बहुते जरूरी बा। एसे बस में सफर करे वाला लोगन के सुविधा आ आराम के एहसास होई। संगही एसे बस एक्सीडेंट के दौरान उनका सेफ्टी बढ़ जाई।

अंतरराष्ट्रीय मानकन के मुताबिक बसन के क्वालिटी में सुधार होई 

गडकरी देस में बसन के कंडीशन पs पहिले से सवाल खड़ा करत रहल बाड़ें। ऊ बस बनावे वालन आ OEM से लगातार ई अपील कइलें कि ऊ अंतरराष्ट्रीय मानकन के मोताबिक बसन के क्वालिटी में सुधार करीं। अबकी बेर एही दिशा में काम होई।

उनकर मानल बा कि देस के ऑटो इंडस्ट्री में OEM के लगे क्वालिटी बढ़ावे के लेके अच्छा मवका बा, बाकिर ओकर प्रदर्शन बहुते खराब बा।

सड़क हादसन में हर साल डेढ़ लाख लोगन के मौत

ई पहिला बेर नइखे जब नितिन गडकरी सड़क हादसन के लेके चिंता जतवलें बाड़ें आ उनका सॉल्यूशन पs बात कइले बाड़ें । एकरा पहिले, एगो प्रोग्राम के दौरान ऊ कहले रहस कि हम ट्रांसपोर्ट मंत्री बानी, हमरा बड़ी दुख बा कि हर साल देस में 5 लाख सड़क हादसा होला, जेमे डेढ लाख मौत होला।

ऊ कहलें कि हम अच्छा काम कs सकनी, बाकिर हम एह हादसन के कम ना कs सकनी। ऊ बतवलें कि एह सड़क हादसन में सबसे जादे 18 से 34 साल के 60 फीसदी युवक मारल जाला।

657250cookie-checkबस एक्सीडेंट्स के रोके खातिर गडकरी के नया प्लान: यात्रियन के सेफ्टी खातिर बस बनावे खातिर नया मानकन के मंजूरी देलें 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.