[the_ad_group id="30365"]

मुख्यमंत्री योगी कोरोना के स्थिति पर कइलें समीक्षा, बोलनें- लोग के फेस मास्क खातिर जागरूक करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अफसर के निर्देश दिहले कि कोरोना संक्रमण से बचे खातिर कोविड प्रोटोकॉल के कड़ाई से पालन करवावल जाव अउर अस्पताल, बस, रेलवे स्टेशन, बाजार जइसन भीड़भाड़ वाले सार्वजनिक स्थान पर फेस मास्क लगावल जाए खातिर लोग के जागरूक करीं। मुख्यमंत्री योगी बियफे के प्रदेश में कोरोना के स्थिति के समीक्षा करत रहनें।

ऊ कहनें कि कोविड के बदलती परिस्थिति पs सूक्ष्मता से नजर रहल जाय। चिकित्सा शिक्षा, स्वास्थ्य विभाग बेहतर समन्वय के संगे तैयारी करीं। राज्य स्तरीय स्वास्थ्य सलाहकार समिति के परामर्श के अनुसार आगे के नीति तय कइल जाई। स्वास्थ्य मंत्रालय, भारत सरकार से सतत संपर्क-संवाद बनवले रहे।

ऊ कहनें कि कोविड की बदलती परिस्थितिय पs सूक्ष्मता से नजर रखल जाब। जौनो नयका केस मिलल, उनकर जीनोम सिक्वेंसिंग करावल जाव। दैनिक टेस्टिंग के बढ़ावल जाय। गंभीर, असाध्य रोग से ग्रस्त लोग, बुजुर्गन के विशेष सावधानी बरते के होई। चिकित्सा शिक्षा, स्वास्थ्य विभाग बेहतर समन्वय के संगे तैयारी करीं। राज्य स्तरीय स्वास्थ्य सलाहकार समिति के परामर्श के अनुसार आगे के नीति तय कइल जाई। स्वास्थ्य मंत्रालय, भारत सरकार से सतत संपर्क-संवाद बनवले रहे।

कोविड प्रबंधन में इंटेग्रेटेड कोविड कमांड एंड कंट्रोल सेंटर के उपयोगिता के हम सब जनी अनुभव कइले बानीं जा। गृह, स्वास्थ्य अउर नगर विकास विभाग परस्पर समंन्वय के संगे आइसीसीसी के फिर से एक्टिव करे के तैयारी कइल जाव।

कोविड के बीच अस्पतालन के इंफ्रास्ट्रक्चर डिवेलपमेंट खातिर बड़ पैमाना पर काम कइल गइल रहल। हर जिला में आईसीयू, वेंटिलेटर, विशेषज्ञ चिकित्सक के तैनाती कइल गइल रहे। सब अस्पतालन में चिकित्सकीय उपकरण के क्रियाशीलता, डॉक्टर, पैरामेडिकल स्टाफ के समुचित उपलब्धता सुनिश्चित करावें। ग्रामीण होखे चाहे शहरी क्षेत्र, हर अस्पताल में पर्याप्त संसाधन होखे के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]