विश्व जुडो संस्था : पुतिन के हटावल गइल जुडो के मानद अध्यक्ष पद से

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 28, 2022

रूस के राष्ट्रपति व्लादीमीर पुतिन के अतवार के विश्व खेलन में उनके सबसे सीनियर आधिकारिक पद से अस्थायी रूप से हटा देहल गइल| अंतरराष्ट्रीय जूडो महासंघ पुतिन के मानद अध्यक्ष पद से हटवले खातिर ‘यूक्रेन

Share

रूस के राष्ट्रपति व्लादीमीर पुतिन के अतवार के विश्व खेलन में उनके सबसे सीनियर आधिकारिक पद से अस्थायी रूप से हटा देहल गइल|

अंतरराष्ट्रीय जूडो महासंघ पुतिन के मानद अध्यक्ष पद से हटवले खातिर ‘यूक्रेन पर रूस के हमले’ के कारन बतवलस

रूस के राष्ट्रपति पुतिन खुद उत्साही जूडोका हवें. ऊ 2012 लंदन ओलंपिक में एह खेल में हीसा लेवे पहुंचल रहनें.

ओलंपिक खेल निकाय में जूडो महासंघ ओर से यूक्रेन पs रूस के आक्रमन के वर्णन करे खातिर ‘‘युद्ध’’ जइसन शब्द के इस्तेमाल कइल गइल दूभर घटना बा। खेल जगत से जुड़ल दोसरा संगठन ‘‘संघर्ष में वृद्धि’’ जइसन शब्द-वाक्यन के इस्तेमाल कइल जाला।

पुतिन के करीबी माने जाए आला आर्कडे रोटेनबर्ग आईजेएफ के कार्यकारी समिति में विकास प्रबंधक के पद पर अभिनियो बाने|

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.