समाजवादी पार्टी के संरक्षक अउर मुलायम सिंह यादव के 10 अक्तूबर दिन सोमार के निधन हो गइल रहल, जेकरे बाद से ‘नेता जी’ के पैतृक गांव सैफई में लोग के आइल-गइल लागल बा। वीवीआईपी से ले के आमजन तक सैफई पहुंच रहल बानें। सपा संरक्षक के अंतिम संस्कार के बाद भी ई सिलसिला जारी बा।
एही बीच सैफई से निकल के एक फोटो सोशल मीडिया पर खूब वायरल हो रहल बा, जेमें सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अउर अपने चाचा रामगोपाल के साथ बैठल नजर आ रहल बानें। एह फोटो के देख के लोग प्रतिक्रिया स्वरूप कह रहल बानें। अइसन लग रहल बा कि नेताजी खुद बइठल बानें।