Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP: बसपा घोषित कइलस दुगो आउर प्रत्याशी, सच्चिदानंद पांडेय अयोध्या आ अशोक पांडेय उन्नाव से लड़िहें चुनाव

383

बहुजन समाज पार्टी बियफे के लोकसभा चुनाव खातिर दुगो आउर प्रत्याशियन के घोषणा कs देले बिया। वरिष्ठ पत्रकार अशोक पांडेय बसपा के टिकट पs उन्नाव से चुनाव लड़िहें।

अंबेडकरनगर के भाजपा के जिलाध्यक्ष सच्चिदानंद पांडेय ‘सचिन’ बसपा में सामिल हो गइलें। बसपा उनका के अयोध्या से टिकट देले बिया।

बसपा सुप्रीमो मायावती ने पहिलही घोषणा कs देले बाड़ी कि ऊ कवनो गठबंधन में सामिल ना होई आ अकेले चुनाव लड़ी।

764510cookie-checkUP: बसपा घोषित कइलस दुगो आउर प्रत्याशी, सच्चिदानंद पांडेय अयोध्या आ अशोक पांडेय उन्नाव से लड़िहें चुनाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.