थोड़ी देर में भाजपा कार्यालय पहुंचिहें PM मोदी, कार्यकर्ता लो में जश्न के माहौल

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2024

  हरियाणा आ जम्मू कश्मीर विधानसभा चुनाव के नतीजा आजु घोषित हो गइल बा. हरियाणा में भाजपा एग्जिट पोल के उलट एगो बड़ फेरबदल कs के बड़ जीत हासिल कईले बिया। हरियाणा में तीसरी बेर

Share

पीएम मोदी :फोटो

 

हरियाणा आ जम्मू कश्मीर विधानसभा चुनाव के नतीजा आजु घोषित हो गइल बा. हरियाणा में भाजपा एग्जिट पोल के उलट एगो बड़ फेरबदल कs के बड़ जीत हासिल कईले बिया। हरियाणा में तीसरी बेर एह जीत के चलते भाजपा कार्यकर्ता में बहुते उत्साह देखे के मिलत बा. एही बीच पीएम मोदी कुछ समय बाद भाजपा कार्यकर्ता के संबोधित करीहे। पीएम मोदी भी एक्स पs जीत के बधाई देले बाड़े।

पीएम मोदी जी एक्स के बधाई देले

पीएम मोदी एक्स पs एगो पोस्ट में लिखले बाड़े कि, ‘हरियाणा के दिल से आभार! हरियाणा के जनता के हम एक बेर फेरु से भारतीय जनता पार्टी के स्पष्ट बहुमत देवे खातिर प्रणाम करतानी। विकास आ सुशासन के राजनीति के इहे जीत हs। हम एहिजा के जनता के भरोसा दिआवत बानी कि ओह लोग के आकांक्षा पूरा करे खातिर हमनी के कवनो कसर ना छोड़ब जा. हम अपना सभे साथी लोग के भी बधाई देत बानी जे एह महान जीत खातिर अथक मेहनत आ पूरा समर्पण के साथ काम कइले! रउआ राज्य के जनता के बढ़िया से सेवा तs कइले बानी, बलुक हमनी के विकास के एजेंडा भी ओह लोग ले पहुंचवले बानी। एकरा नतीजा में भाजपा हरियाणा में इs ऐतिहासिक जीत हासिल कईले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.