जदयू के मंत्री आरसीपी सिंह के नरेंद्र मोदी मंत्रिमंडल से इस्तीफा, 7 जुलाई के कार्यकाल के आखिरी दिन

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 6, 2022

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मंत्रिमंडल में जदयू के एकमात्र मंत्री आरसीपी सिंह बुध के केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे दिहले। समाचार एजेंसी पीटीआई सूत्रन के हवाला देत ई खबर जारी कइले बिया। जेडीयू के नेता

Share

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मंत्रिमंडल में जदयू के एकमात्र मंत्री आरसीपी सिंह बुध के केंद्रीय मंत्रिमंडल से इस्तीफा दे दिहले। समाचार एजेंसी पीटीआई सूत्रन के हवाला देत ई खबर जारी कइले बिया। जेडीयू के नेता आ इस्पात मंत्री रामचंद्र प्रसाद सिंह के राज्यसभा कार्यकाल 7 जुलाई के खतम हो रहल बा। बियफे से सांसद के पद ना रहला के चलते आरसीपी सिंह के मंत्रिमंडल से इस्तीफा देवे के पड़ल। बिहार के सीएम नीतीश कुमार तिसरका बेर आरसीपी सिंह के राज्यसभा भेजे से मना कर दिहले रहले आ अबकी उनका जगे झारखंड के जदयू अध्यक्ष खिरू महतो के संसद भेज दिहल गइल।

केंद्रीय मंत्रिमंडल में आरसीपी के मंत्री बनल रहे खातिर संसद के कवनो सदन के सदस्य होखल जरूरी रहे। जब नीतीश कुमार आरसीपी सिंह के तीसरा बेर राज्यसभा ना भेजले तs ओकरा बाद आरसीपी मीडिया से कहले रहले कि ऊ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मिल के उनका आदेश के पालन करिहे। एही हफ्ता आरसीपी सिंह के भाजपा में शामिल होखे के अफवाह उड़ल रहे जवना के पार्टी खंडन कइले बिया।

आरसीपी सिंह के साथे अल्पसंख्यक ममिला के कैबिनेट मंत्री मुख्तार अब्बास नकवी इस्तीफा दे दिहले बाड़न, जिनका के उपराष्ट्रपति भा कवनो राज्य के राज्यपाल भा कवनो केन्द्रीय क्षेत्र के उपराज्यपाल बनावल जाए के अटकल लगावल जात बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.