मुख्यमंत्री योगी पहुंचले, आजु गांधी आ शास्त्री जी के प्रतिमा पs करिहें माल्यार्पण

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 2, 2023

  सीएम योगी आदित्यनाथ दू दिन के दौरा पs रविवार के देर साँझ गोरखनाथ मंदिर पहुंचले। सोमार के दिने सीएम टाउनहॉल में महात्मा गांधी के मूर्ति के माल्यार्पण करिहें आ ओकरा बाद शास्त्री प्रधानमंत्री लाल

Share

 

सीएम योगी आदित्यनाथ दू दिन के दौरा पs रविवार के देर साँझ गोरखनाथ मंदिर पहुंचले। सोमार के दिने सीएम टाउनहॉल में महात्मा गांधी के मूर्ति के माल्यार्पण करिहें आ ओकरा बाद शास्त्री प्रधानमंत्री लाल बहादुर शास्त्री के मूर्ति के माला पहिरा दीहें। इहाँ से सीएम गोलघर में स्थित गांधी आश्रम में जाके कार्यक्रम में शरीक होहिहें। सीएम भी चरखा चला सकेले। दुपहरिया में गोरखनाथ मंदिर में चल रहल सात दिवसीय श्रीमद् भागवत कथा के समापन समारोह में शामिल भइले। अपने गुरु ब्राह्मलिन महंत अवेद्यनाथ के प्रतिमा पs पुष्प अर्पित कइले।

पी.पी.गंज में एक दिवसीय कृषि प्रदर्शनी आ किसान मेला के उद्घाटन करीहें। सीएम योगी एह मउका पs लाभार्थियन के 20 गो ट्रैक्टर आ कृषि उपकरण वितरण करीहें। ई जानकारी कृषि उप निदेशक अरविंद कुमार सिंह दिहले बाड़न। उ कहले कि सीएम कृषि विज्ञान केंद्र चौक माफी, नवनिर्मित छात्रावास, गोशाला अवुरी कई गो नवनिर्मित भवन के उद्घाटन करीहे।

2 अक्टूबर के राष्ट्रपिता महात्मा गांधी आ पूर्व प्रधानमंत्री लाल बहादुर शास्त्री के जयंती ह। रविवार के सबेरे नौ बजे सीधा टाउन हॉल में पहुँच जइहें। दू मिनट खातिर इहाँ रुक के महात्मा गांधी के मूर्ति के माल्यार्पण करिहें। एकरा बाद शास्त्री चौक आके पूर्व पीएम के मूर्ति के माल्यार्पण करके श्रद्धांजलि दिहे। एकरा संबंध में प्रशासन के ओर से सभ तैयारी पूरा हो गईल बा। दूसरा ओर गांधी आश्रम में भी चरखा चलावे के संभावना पs विचार करत चरखा अवुरी सूत के इंतजाम कईल गईल।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.