गोवा से आ रहल स्पाइसजेट के एक विमान के बुध के रात हैदराबाद हवाईअड्डे पर आपात स्थिति में लैंडिंग करावल गइल। डीजीसीए के अधिकारी घटना के जानकारी देत बतवलें कि मामला के जांच चल रहल बा।
अधिकारी बतवलें कि विमान के केबिन में धुआं दिखले के बाद विमान के इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल। डीजीसीए के ओर से दीहल गइल जानकारी के अनुसार विमान के सुरक्षित लैंडिंग के बाद विमान यात्रियन के आपातकालीन निकास द्वार से बाहर निकालल गइल। एह दौरान एगो यात्री के पैर में तनी मनी स्क्रैच आ गइल बा। बाकी केहू के घाही भइले के कौनो सूचना नाइ बा।