Jabalpur Accident: महाकुंभ से लौट रहल ट्रेवलर के ट्रक मरलस टक्कर, भीषण सड़क हादसा में 7 के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2025

जबलपुर से एह समय के बड़ खबर सामने आ रहल बा। जहां तेज रफ्तार से आवत ट्रेवलर के ट्रक टक्कर मार दिहलस।  एह हादसा में 7 लोग के मउत हो चुकल बा। एकरा अलावे बहुत

Share

जबलपुर

जबलपुर से एह समय के बड़ खबर सामने आ रहल बा। जहां तेज रफ्तार से आवत ट्रेवलर के ट्रक टक्कर मार दिहलस।  एह हादसा में 7 लोग के मउत हो चुकल बा। एकरा अलावे बहुत लोग घायल होखे के बात कहल जाता।  जानकारी के मुताबिक, राष्ट्रीय राजमार्ग 30 पs आज सबेरे 8 बजे घटना के सूचना दिहल जाता। पूरा मामला देख के कलेक्टर अवुरी एसपी मौका पs पहुंच गईल बाड़े। दुर्घटना से मिलल बस आंध्र प्रदेश के बतावल जाता। जवन प्रयागराज से लवटत रहे।

टायर फाट गइल रहे

जानकारी के मुताबिक जबलपुर से पुट्टी लेके ट्रक एमपी 20 जेडएल 9105 कटनी के ओर जात रहे। सबेरे करीब 8:45 बजे सिहोरा के गांव मोहला बरगी के लगे अचानक ट्रक के टायर फाट गईल। आ ऊ एगो गाड़ी से टकरा के गलत तरफ चहुँप गइल. जहां भक्तन से भरल प्रयागराज से लवटत ट्रैवलर एपी 29डब्ल्यू 1525 के सामने से जोरदार चोट लागल जवना के चलते ट्रैवलर में सफर करेवाला सात लोग के मौका पs मउत हो गईल।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

अस्पताल में भर्ती करावल गइल

घटना के जानकारी मिलते एसडीओपी पारुल शर्मा अपना टीम के संगे मौका पs पहुंच गईली। ट्रक अवुरी यात्री में फंसल लोग के बचावला के बाद कुछ घाही के इलाज खातीर मेडिकल कॉलेज अवुरी सिहोरा हेल्थ सेंटर में भर्ती करावल गईल। मरे वाला के हवें? उs कहाॅं से बाट? एह जानकारी के पावे में समय लागी.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ जानीं ‘महजबीन बानो’ से ‘मीना कुमारी’ आ फेर ‘ट्रेजेडी क्वीन’ बनले के सफर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.