फतेहपुर: गंगा नहाये गइल सात गो लडईका-लईकी नदी में डूबल लो, पांच के मौत

Share

फतेहपुर के मातिनपुर गंगा घाट में मंगर के दर्दनाक हादसा हो गइल। इहां सात गो लइका-लइकी गंगा में डूब गइल लो। ग्रामीणन आ गोताखोरन के तुरंत तलाश शुरू कइला के बावजूद, तब तक पांच के मौत हो गइल रहे। दु गो आउर लोग के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मरे वालन में तीन गो लईकी आ दु गो जुवक शामिल बा लो।

सोमार के मातिनपुर निवासी अमीरे के बेटी के बियाह रहे, फतेहपुर से बारात गइल रहे। मंगर के दुपहरिया में शादी समारोह में शामिल कइयन गो लईका-लईकी गंगा नहाये गइल रहे लो। एमे से दु गो जुवक डूबे लागल तs बाकी ओकन के बचावे खातिर गहिर पानी में चल गइल। एमे से सात गो लईका-लईकी डूब गइल लो। शोर मचला पs लगही मवजूद ग्रामीण आ गोताखोर लोग तलाश शुरू कइल, तब तक दु गो लईकी आ दु गो जुवकन के मौत हो चुकल रहे। तीन के गंभीर हालत में अस्पताल भेजल गया बाकिर रस्ता में एगो अउर किशोरी के मौत हो गइल। दु गो के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-