Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारतीय रेल: IRCTC के ओर से परोसल गइल समोसा में मिलल ‘पीयर कागज’, आईआरसीटीसी दिहलस ई जवाब

229
Google Ads 300*250 for posts
भारतीय रेल में सफर के दौरान एगो यात्री के समोसा में एगो “पीयर कागज” मिलल। यात्री ओकरे बारे में दावा कइलस कि ई समोसा इंडियन रेलवे कैटरिंग एंड टूरिज्म कॉरपोरेशन द्वारा ट्रेन के अंदर परोसल गइल रहे। यात्री ट्विटर पर समोसा के तस्वीर साझा करत लिखलें कि “हम आजु 9 अक्तूबर के 2022 के लखनऊ के रस्ता में बानीं।  हम खाए खातिर एगो समोसा खरिदलीं.. कृपया समोसा के अंदर पीला कागज देखीं… ई ट्रेन नंबर 20921 बांद्रा लखनऊ ट्रेन में आईआरसीटीसी पेंट्री व्यक्ति द्वारा परोसल जाला.. ट्रेन 8-10-22 शुरु भइल।
एगो अन्य ट्वीट में, अजीत कुमार कहलें, “ई समोसा ट्रेन नंबर 20921 बांद्रा से लखनऊ साप्ताहिक एक्सप्रेस में देहल गइल। एके आईआरसीटीसी पेंट्री परोसsला। हम एके 9-10-22 सुबह लगभग 10:15 बजे खरीदलीं। हम यात्रियन के परोसे जाए वाले भोजन खातिर आईआरसीटीसी के सलाम करतनी।
https://twitter.com/AjiKuma41136391/status/1578973472579256321?t=rPENlQrJKUep2r6lQHSg0A&s=19
352250cookie-checkभारतीय रेल: IRCTC के ओर से परोसल गइल समोसा में मिलल ‘पीयर कागज’, आईआरसीटीसी दिहलस ई जवाब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.