जयपुर में कांग्रेस से BJP में आइल पार्षदन के ‘शुद्धिकरण’, छिड़कल गइल गंगाजल आ गोमूत्र

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 27, 2024

  राजस्थान के राजधानी जयपुर से एगो रोचक खबर आ रहल बा। खबर के मुताबिक कांग्रेस से भाजपा में बदले वाला पार्षद के ‘शुद्धिकरण’ जयपुर में भईल बा। खबर के मुताबिक, जयपुर के हवा महल

Share

बीजेपी विधायक बालमुकुंद आचार्य: फोटो

 

राजस्थान के राजधानी जयपुर से एगो रोचक खबर आ रहल बा। खबर के मुताबिक कांग्रेस से भाजपा में बदले वाला पार्षद के ‘शुद्धिकरण’ जयपुर में भईल बा। खबर के मुताबिक, जयपुर के हवा महल विधानसभा सीट से भाजपा विधायक बालमुकुंद आचार्य पार्टी में शामिल होखेवाला नेता के गंगाजल अवुरी गोमूत्र के मिश्रण छिड़क के ‘शुद्ध’ कs देले। विधायक बालमुनकुंद एकरा से पहिले जयपुर नगर निगम के धरोहर कार्यालय के ‘शुद्ध’ कईले, ओकरा बाद पार्षद पs गोमूत्र अवुरी गंगाजल छिड़क देले। उs कहले कि गंगाजल से शुद्धि कs के अशुद्धि निकालल गईल बा।

कुसुम यादव मेयर के पद सम्हरल

हनुमान चालीसा अवुरी मंत्रोच्चार के संगे जयपुर हेरिटेज नगर निगम में कार्यवाहक मेयर कुसुम यादव मेयर के कुर्सी सम्हरले। एह दौरान कई गो ऋषि आ संत लोग भी मौजूद रहे। बता दीं कि भ्रष्टाचार के आरोप लगला के बाद भाजपा मेयर मुनेश गुर्जर के पद से हटा के उनुका जगहा कुसुम यादव के आपन उम्मीदवार बना देले रहे। कुसुम यादव के 7 कांग्रेसी पार्षद अवुरी एक निर्दलीय पार्षद के समर्थन मिलल। बाद में ई आठ गो पार्षद भाजपा में शामिल भइले आ कुसुम यादव के राज्याभिषेक में मौजूद रहले. एह मौका पs बालमुकुंद आचार्य गंगाजल आ गोमूत्र के मिश्रण सभका पs छिड़क दिहलन. बालमुकुंद कहले कि आज से इs निगम भ्रष्टाचार मुक्त बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.