UP News: सीएम योगी आज गोरखपुर में करिहें पेप्सिको के गीडा इकाई के उद्घाटन, मिली रोजगार के अवसर

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 29, 2024

UP News: सीएम योगी आज गोरखपुर में करिहें पेप्सिको के गीडा इकाई के उद्घाटन, मिली रोजगार के अवसर गोरखपुर। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अतवार के पेप्सिको के गीडा इकाई के उद्घाटन करिहें। ई इकाई कंपनी के

Share

सीएम योगी

UP News: सीएम योगी आज गोरखपुर में करिहें पेप्सिको के गीडा इकाई के उद्घाटन, मिली रोजगार के अवसर

गोरखपुर। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अतवार के पेप्सिको के गीडा इकाई के उद्घाटन करिहें। ई इकाई कंपनी के फ्रेंचाइजी वरुण बेवरेजेज के ओर से लगावल गइल बा। एकरा स्थापना पs एक हजार 170 करोड़ रुपिया के लागत आइल बा। गीडा के सेक्टर 27 में लगावल गइल, एह इकाई में डेढ़ हजार लोगन के रोजगार मिले के दावा कइल जा रहल बा।

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ आठ अप्रिल, 2023 के एह इकाई के स्थापना खातिर भूमि पूजन आ शिलान्यास कइले रहस। एक साल के भीतरे निर्माण पूरा कs लिहल गइल। अप्रिल 2024 से एमे कमर्शियल उत्पादन सुरू हो चुकल बा। अब मुख्यमंत्री के हाथन एकर उद्घाटन होखे जा रहल बा।

गुरुकुल में निर्मित कक्षन के करिहें लोकार्पण

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ अतवार के मेवालाल गुप्त गुरुकुल विद्यालय गोरखनाथ में नवनिर्मित चार कक्षन आ एगो बहुउद्देशीय सभागार के लोकार्पण करिहें। गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) के ओर से करावल गइल बा।

गोरखपुर पहुंचलें मुख्यमंत्री, कइलें दर्शन-पूजन 

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सनीचर के देर सांझ दु दिवसीय दौरा पs गोरखपुर पहुंचलें। रात के विश्राम खातिर गोरखनाथ मंदिर पहुंचला के बाद ऊ सबसे पहिले गुरु गोरखनाथ के चरणन में श्रद्धा अर्पित कइलें। वैदिक मंत्रोच्चार के संगे विधि-विधान से उनकर पूजा अर्चना कइला के बाद मुख्यमंत्री, अपना गुरु ब्रह्मलीन महंत अवेद्यनाथ के समाधि पs गइल आ पूजा-अर्चना कs के उनकरो आसिरबाद लेलें।

रात में मंदिर परिसर के भ्रमण के बाद ऊ विश्राम करे चल गइलें।।मुख्यमंत्री अतवार के सबेरे नियमित पूजा-अर्चना के बाद शहर में आयोजित अलग-अलग कार्यक्रमन में हिस्सा लिहें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.