[the_ad_group id="30365"]

दु दिवसीय महावीरी अखाड़ा मेला संपन्न

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लकड़ी नवीनगंज: प्रखंड लकरी नवीगंज के मदारपुर राम जानकी मंदिर आ खेल मैदान परिसर में आयोजित दू दिन के महावीरी अखाड़ा मेला शांति आ सौहार्द पूर्ण वातावरण में सोमार के संपन्न हो गइल।

आयोजित महावीरी अखाड़ा में जागरण कार्यक्रम आ सांस्कृतिक कार्यक्रम नाट्य नृत्य के प्रस्तुति क के आकर्षण के केंद्र बिंदु बनल महाकाल संगठन, जन जागृति ग्रुप बजरंग दल ग्रुप आ आरके म्यूजिकल डांस ड्रामा ग्रुप मोतिहारी गोपालगंज, सीवान छपरा आ मदारपुर के लोक गायकन नाट्य नृत्य कलाकार डांस ड्रामा कलाकार किनुस अली, उद्घघोषक अब्बास अली, राहुल कुमार महतो, परी खान, पुजा दास, मुस्कान कुमारी, पूजा कुमारी आ कार्यक्रम निदेशक राजेंद्र पासवान द्वारा एगो से बढके एगो नृत्य गीत संगीत, लोक गायन, जागरण गीत गायन, सांस्कृतिक डांस ड्रामा नृत्य नाटक जय श्री राम, हर हर महादेव के जय घोष,  जय माता रानी के उदघोष आ वंदे मातरम राष्ट्रीय गीत के प्रस्तुति आ जलवा बिखेरत कला के पदर्शन दिखावल लो। मदारपुर महाबिरी अखाड़ा मेला उमड़ल सैलाब के आकर्षण के केंद्र बिंदु बनल रहल आ लोग रात भर आ सोमार के दिन भर कलाकारन के कला के प्रदर्शन के आनंद लेत दर्शक झूमत रहल लो आ भाव विभोर होत रहल लो।

कार्यक्रम के समापन अवसर प आदर्श महावीरी अखाड़ा मेला समिति नरहरपुर , मदारपुर, आ किशनपुरा के आयोजक बजरंगबली सिंह आउर संयोजक पिंटु कुमार सिंह, बिबेक सिंह,  पुरन शंकर प्रसाद, दारा साह, नीरज ठाकुर, राजु साह, मनोज गुप्ता, शिक्षक उमेश सिंह, समाजसेवी राजा भैया उर्फ राजा बाबू धीरज सिंह, बीजेपी नेता राकेश सिंह उर्फ़ पाल सिंह, बृजकिशोर सिंह, युवा जदयू प्रखंड अध्यक्ष मनोज कुमार पटेल, मुना खान जिला पार्षद रमेश कुमार सिंह, वार्ड संघ उपाध्यक्ष गुड्डू पटेल, मुखिया प्रतिनिधी फिरोज आलम, मुखिया बीरेंद्र शाह,  मुखिया प्रतिनिधी शमशाद आलम, पूर्व मुखिया राजेश्वर प्रसाद, पूर्व प्रमुख प्रतिनिधी मोनू सिंह, मोनू सोनी, पूर्व पंचायत समिति सदस्य मैनेजर यादव, उप मुखिया उमेश चौहान, सरपंच प्रतिनिधि विनोद सिंह, पूर्व उप मुखिया रामेश्वर शर्मा, पूर्व प्रमुख प्रतिनिधी नरेंद्र सिंह, महाबिरि अखाड़ा मेला समिती के सदस्य रंजन सिंह, मनोज सिंह, राजु पांडेय, राहुल सिंह, आशीष शुक्ला, भोला साह, ओम सिंह, प्रहलाद सिंह, छोटेलाल साह, पूर्व मुखिया प्रतिनिधी मैनेजर पंडित, मनोज गुप्ता, संजय पासवान, राजेंद्र प्रसाद, चंदन कुमार, महेश साह, धर्मेन्द्र महतो, पंकज चौरसिया, विशेश्वर शर्मा, ज्ञासुदीन हुसैन, मिर्तुंजय पांडे, शिक्षक संघ अध्यक्ष हरिलाल यादव, शिक्षक संघ सचिव काशिफ़ इसरार, शिक्षक प्रकाश साह गौड़, शिक्षक संघ महासचिव संजेश कुमार, सरपंच राजीव रंजन उर्फ राजन सिंह, श्री प्रकाश शुक्ला, राहुल सिंह, राजा गुप्ता द्वारा सोमार के सांझ अलग अलग लो कलाकार, लोक गायक आ जागरण कार्यकर्म टीम के मेडल नगद आ शील्ड कप देके पुरस्कृत आ सम्मानित कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]