Thane:डॉक्टर के केबिन से 21 लाख रूपिया के चोरी, UP-बिहार के 3 गो अरेस्ट

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 29, 2024

ठाणे के एगो अस्पताल से 21 लाख रुपिया चोरी हो गइल। एह मामला में पुलिस अस्पताल के दुगो पूर्व कर्मचारी आ उनका एगो सहयोगी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। एह लोग के कब्जा से 18

Share

ठाणे के एगो अस्पताल से 21 लाख रुपिया चोरी हो गइल। एह मामला में पुलिस अस्पताल के दुगो पूर्व कर्मचारी आ उनका एगो सहयोगी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया। एह लोग के कब्जा से 18 लाख रुपया बरामद हो चुकल बा।

महाराष्ट्र के ठाणे में डाक्टर के केबिन से 21 लाख रुपिया चोरी हो गइल। ई घटना अस्पताल के दू गो पूर्व कर्मचारी अपना साथी लोग के साथे कइले बाड़न। पुलिस तीनों आरोपी के गिरफ्तार कऽ लेले बिया आ ओ लोग के कब्जा से 18 लाख रुपया नकद बरामद कइले बिया।

एतवार के एगो अधिकारी बतवले कि ठाणे जिला के एगो अस्पताल के डॉक्टर के केबिन से 21 लाख रुपया नकद चोरी भइल बा। एह मामिला में निजी अस्पताल के दू गो पूर्व कर्मचारी आ एगो अउरी आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा। उ बतवले कि 21 सितंबर के जब डॉक्टर काशीगांव के विनय नगर में इस्थित अस्पताल में अपना केबिन में गइले तऽ देखले कि कमरा में चोरी भइल बा आ नकदी चोरी हो गइल बा।

समाचार एजेंसी पीटीआई के मुताबिक काशीगांव थाना के वरिष्ठ निरीक्षक राहुल कुमार पाटिल बतवले कि सीसीटीवी फुटेज के जांच के बाद पता चलल कि एगो अनजान नकाबपोश आदमी केबिन में घुस के पइसा चोरा लेले। उऽ कहले कि, जांच से पता चलल बा कि केहु जानल-मानल केहु चोरी कइले होई।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.