Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शिंदे के बेटा श्रीकांत बनलें ‘सीएम’!: तस्वीर वायरल होइतही उद्धव गुट कसलस तंज

जानीं का बा पूरा मामला

253

महाराष्ट्र के राजनीति के अलगे शैली ह। इहां सियासी घमासान, तानाकशी, छींटाकशी, तंज के आपन जगह ह। अब सीएम एकनाथ शिंदे के सांसद लइका श्रीकांत शिंदे के ‘सीएम के कुर्सी‘ पर विराजित होखले के तस्वीर वायरल होइतही सियासी विवाद के नया दौर शुरू हो गइल। शिवसेना सांसद प्रियंका चतुर्वेदी डिप्टी सीएम देवेंद्र फडणवीस के ताना मरली कि ‘अब त शिंदे के पुत्र भी सीएम के कुर्सी पर बइठ रहल बानें, हमनीके उनसे पूरा सहानुभूति बा।’

दरअसल, श्रीकांत शिंदे के सीएम कुर्सी पर बइठले की तस्वीर राकांपा प्रवक्ता रविकांत वारपे वायरल कइले रहने। एहमें सांसद शिंदे अपने पिता के कुर्सी पर बइठल नजर आ रहल बानें। उनकर पृष्ठभूमि में शिवसेना संस्थापक बाला साहब ठाकरे के फोटो लागल बा अउर ओकरे नीचे एगो बोर्ड लागल बा, जौने पर लिखल बा ‘मुख्यमंत्री महाराष्ट्र सरकार‘। एके ले के वारपे श्रीकांत के महाराष्ट्र के ‘सुपर सीएम‘ बतावत पूछले बानें कि ई कइसन राजधर्म ह? वायरल तस्वीर में सीएम के कुर्सी पर श्रीकांत बइठल बानें अउरी उनके सोझे कुछ लोग ठाढ़ हो के उनसे चर्चा करत नजर आ रहल बानें।

सोशल मीडिया में जब ई फोटो वायरल भइल त शिवसेना सांसद प्रियंका चतुर्वेदी ओके रिट्वीट करत कहली कि डिप्टी सीएम फडणवीस सीएम के कुर्सी के मजाक बना दिहलें। चतुर्वेदी कहली ‘जब आदित्य ठाकरे मामिला देखत रहलें, त उन के समस्या होत रहल, जबकि ऊ महाराष्ट्र के मंत्री रहनें। लेकिन अब एकनाथ शिंदे के पुत्र त विधायक बानें अउर न ही मंत्री ..। फडणवीस के संगे हमार सहानुभूति बा जौन सत्ता के भूख की खातिर अपने अउर अपने से जूनियरन खातिर कुर्सी के मजाक बना के रख दिहलें।

340030cookie-checkशिंदे के बेटा श्रीकांत बनलें ‘सीएम’!: तस्वीर वायरल होइतही उद्धव गुट कसलस तंज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.