दिल्ली शराब घोटाला केस: मनीष सिसोदिया के सुप्रीम कोर्ट से मिलल बड़ राहत

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 11, 2024

मनीष सिसोदिया के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत मिलल।  अबकारी नीति मामला से जुड़ल भ्रष्टाचार अवुरी मनी लांड्रिंग के मामला में जमानत के शर्त में बदलाव करे के मनीष सिसोदिया के मांग के सुप्रीम कोर्ट

Share

मनीष सिसोदिया के राहत

मनीष सिसोदिया के सुप्रीम कोर्ट से बड़ राहत मिलल।  अबकारी नीति मामला से जुड़ल भ्रष्टाचार अवुरी मनी लांड्रिंग के मामला में जमानत के शर्त में बदलाव करे के मनीष सिसोदिया के मांग के सुप्रीम कोर्ट मंजूरी दे देले बिया।  जमानत के शर्त के मुताबिक उनुका सप्ताह में दु बेर जांच एजेंसियन के कार्यालय में जाए के पड़ी। सिसोदिया के निहोरा पs आजु कोर्ट एह शर्त के हटा दिहलस. हालांकि कोर्ट सिसोडिया से नियमित रूप से मुकदमा में शामिल होखे के कहले बिया।

सिसोदिया अदालत में कहले – धन्यवाद
मनीष सिसोदिया ट्वीट कs के कोर्ट के प्रति आभार जतवले बाड़े। सिसोदिया ट्वीट में लिखले बाड़न – माननीय सुप्रीम कोर्ट के दिल से आभार, जवन जमानत के शर्त हटा के राहत देले बा।  ई फैसला ना खाली न्यायपालिका पs हमार विश्वास अउरी मजबूत करेला, बलुक हमनी के संवैधानिक मूल्यन के मजबूती के भी दर्शावत बा। हम न्यायपालिका के आ संविधान के प्रति आपन कर्तव्य के हमेशा सम्मान करब।

जय भीम, जय भारत.

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.