ED Action: RJD के पॉपुलर विधायकन के ठिकाना पऽ ईडी के ताबड़तोड़ छापामारी, चुनाव से पहिले एगो आउर बड़ एक्शन

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 20, 2024

ED Action RJD MLA चुनाव से पहिले राजद प्रमुख लालू यादव के मुश्किल आउर बढ़ गइल बा। बक्सर जिला में राजद के चर्चित विधायकन के ठिकाना पऽ ईडी के छापामारी चल रहल बा। बतावल जा

Share

ED Action RJD MLA चुनाव से पहिले राजद प्रमुख लालू यादव के मुश्किल आउर बढ़ गइल बा। बक्सर जिला में राजद के चर्चित विधायकन के ठिकाना पऽ ईडी के छापामारी चल रहल बा। बतावल जा रहल बा कि विधायकन से जुड़ल कम से कम सात ठिकाना पऽ ईडी के टीम पहुंचल बिया। ई विधायक लो लालू प्रसाद यादव के काफी करीबी मानल जाला।

ED Action RJD MLA बक्सर जिला के अंतर्गत ब्रह्मपुर विधानसभा क्षेत्र से राष्ट्रीय जनता दल के विधायक शंभू नाथ सिंह यादव आ उनका से जुड़ल लोग के ठिकाना पऽ आज प्रवर्तन निदेशालय (ED) के छापामारी चल रहल बा। अब ले जवन सूचना मिलल बा, ओकरा अनुसार बक्सर जिला के सदर, सिमरी, ब्रह्मपुर आ चक्की प्रखंड क्षेत्र में विधायकन से जुड़ल कम से कम सात ठिकाना पऽ ईडी के टीम पहुंचल बिया ।

पटना से ईडी के 14 टीम छापेमारी खातिर निकलल रहें। विधायक के पैतृक आवास चक्की प्रखंड मुख्यालय में बा। इहाँ उनकर आटा मिल आ एगो बड़ निजी स्कूलो चलेला। एगो बड़ अस्पताल के विधायक इहाँ निर्माण करा रहल बा। ग्रामीण लो के कहनाम बा कि ईडी के टीम भोरे 4:00 बजे चक्की पहुंच गइल रहें।

विधायक के बेटा के शादी में आइल रहलें लालू यादव

ब्रह्मपुर के विधायक राष्ट्रीय जनता दल के अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव (Lalu Yadav) के काफी करीबी मानल जाले। लालू यादव अक्सर उनका निजी आयोजन में शामिल होखे आवत रहेले। कुछ महीना पहिले विधायक के बेटा के बियाहो में राजद अध्यक्ष चक्की पहुंचल रहलें आ इहाँ नीमन समयो बितवले रहलें।

बीतल सप्ताह राजद अध्यक्ष के बड़का बेटा आ बिहार सरकार के पूर्व मंत्री तेज प्रताप यादवो इहाँ आइल रहलें थे आ विधायक के साथे एगो निजी आयोजन में शामिल भइल रहलें।

विधायक के पटना बक्सर फोरलेन पऽ बिहटा के लगे एगो होटल बा। इनकर दूसरका होटल गाजीपुर बलिया हाईवे पऽ उत्तर प्रदेश के सीमा में बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.