Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मोहाली वीडियो कांड: छात्रन के धरना-प्रदर्शन खतम, वॉर्डन के हटावल गइल, यूनिवर्सिटी छव दिन खातिर बंद

यूनिवर्सिटी में कुछ छात्रा लोगन के नहात घरी के वीडियो वायरल होखला के खबर फइलला के बाद सनीचर के आधा रात से छात्रन द्वारा जोरदार विरोध प्रदर्शन शुरू कइल गइल जवन अतवारो के दिनभर जारी रहल। हालांकि देर रात ई धरना प्रदर्शन समाप्त हो गइल। पुलिस प्रशासन छात्रन के सब मांगन के मान लेलस।

264
चंडीगढ़ के एगो निजी यूनिवर्सिटी में विद्यार्थियन के विरोध प्रदर्शन देर रात खतम हो गइल बा।  सीयू छात्रन के मांग मान लेले बिया। डीसी आ आईजी के मौजूदगी में सब मांगन प सहमति बन गइल बा। ओहिजा, धरना प्रदर्शन में शामिल कवनो छात्र प कवनो कार्रवाई ना होई। हॉस्टल वार्डन बदल दिहल जाई लो। यूनिवर्सिटी छव दिन खातिर बंद हो गइल बा। हॉस्टल के टाइमिंग बदल गइल बा। ओहिजा, छात्र कैंपस छोड़ रहल बा लो। एकरा संगही लईकीयन के हॉस्टल में पहनावा प कवनो पाबंदी ना लगावल जाई। ममिला में अब तक तीन आरोपियन के गिरफ्तार कइल जा चुकल बा। वीडियो बनावे वाली लईकी आ ओकर ब्वॉयफ्रेंड, लईका के एगो इयारो के गिरफ्तार कइल गइल बा।

चंडीगढ़ में छात्राओं के आपत्तिजनक वीडियो वायरल, छात्र आधी रात को सड़कों पर उतरे

रउआ सभे के बता दीं कि चंडीगढ़ यूनिवर्सिटी में कुछ छात्रा लोगन के नहात वीडियो वायरल होखला के खबर फइलला के बाद सनीचर के आधा रात से छात्रन द्वारा जोरदार विरोध प्रदर्शन शुरू कइल गइल जवन अतवारो के दिनभर जारी रहल। ओह लो के तितर-बितर करे पहुंचल पुलिस के संगे छात्रन के टकराव भइल। आरोप बा कि कइयन गो छात्रा खुदकुशी के कोसिस कइलस लो, हालांकि यूनिवर्सिटी आ पुलिस एकरा से इंकार कइल्स। ओइसे तीन गो छात्रा के तबीयत बिगड़ला के कारण अस्पताल में भरती करावल गइल बा।
पुलिस वीडियो शूट क के शिमला में अपना दोस्त के भेजे के आरोप में एगो छात्रा के गिरफ्तार कइले बिया। अतवार देर सांझ ले छात्र यूनिवर्सिटी प्रशासन आ पुलिस प ममिला के दबावे के आरोप लगावत परिसर के बाहर प्रदर्शन करत रहे लो।  छात्रन के आरोप बा कि कम से कम 8 छात्रा लोग खुदकुशी के कोसिस कइले बा लो। पुलिस गिरफ्तार आरोपी छात्रा के खिलाफ आईपीसी के धारा 354-सी आ आईटी एक्ट के तहत ममिला दर्ज कइले बिया।

साँझ के चंडीगढ़ पुलिस ओकर दोस्त आ कथित रूप से वीडियो वायरल करे के आरोपी सन्नी के शिमला में गिरफ्तार क लेले बिया । मोहाली के एसएसपी विवेकशील सोनी दावा कइले कि आरोपी छात्रा के मोबाइल से खाली एगो वीडियो मिलल बा, जवन ओकरे ह। छात्रा अपने वीडियो दोस्त के भेजले रहे। फिलहाल मोबाइल आ लैपटॉप के फोरेंसिक जांच कइल जा रहल बा। मुख्यमंत्री भगवंत मान ममिला के जांच के आदेश देले बाड़े आ कहले कि जिम्मेदार लोगन प कड़ा कार्रवाई कइल जाई।

334400cookie-checkमोहाली वीडियो कांड: छात्रन के धरना-प्रदर्शन खतम, वॉर्डन के हटावल गइल, यूनिवर्सिटी छव दिन खातिर बंद

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.