[the_ad_group id="30365"]

Bomb Threats: बीतल 24 घंटा में तीन हवाई उड़ान में मिलल बम के धमकी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय एयरलाइंस के बम के धमकी मिले के घटना जारी बा। पिछला 24 घंटा में तीन गो विमानन के बम के धमकी मिलल बा। एकरा साथे एह हफ्ता विमानन के बम के घटना के संख्या बढ़ के 35 से अधिका हो गइल बा। हालांकि नीमन बात इ बा कि इ सभ कॉल फर्जी निकलल बा, लेकिन एकरा से विमान के सुरक्षा व्यवस्था में अभूतपूर्व दहशत पैदा हो गइल बा। विमानन के धमकी के ताजा मामला में दिल्ली से लंदन जाए वाली विस्तारा एयरलाइंस के उड़ान से जुड़ल बा जवना के धमकी के बाद जर्मनी के फ्रैंकफर्ट में डायवर्ट क दिहल गइल।

पिछला 24 घंटा में तीन एयरलाइंस के विमानन के धमकी मिलल

एकरा अलावे एयर इंडिया के जयपुर-दुबई एयर इंडिया एक्सप्रेस उड़ान सेवा के भी बम के धमकी मिलल। जांच के दौरान इहो फर्जी निकलल। अकासा एयर के बेंगलुरु-मुंबई उड़ान पऽ अइसने धमकी मिलल। विमान के उड़ान भरला से कुछ समय पहिले इ धमकी मिलल रहे, जवना के चलते विमान के उड़ान भरला में देरी हो गइल। विमान के पूरा सुरक्षा जांच के बादे उड़ान खातिर एनओसी दिहल गइल। जयपुर से दुबई के उड़ान भी शनिचर के सबेरे 6.10 बजे उड़ान भरे के रहे, लेकिन झूठा धमकी के चलते उ सबेरे 7.45 बजे उड़ान भरलस। एह दौरान यात्री लोग के बहुत परेशानी के सामना करे के पड़ल।

एह हफ्ता अबहीं ले 35 गो धमकी मिलल बा

सोमार से अबहीं ले एह हफ्ता कम से कम 35 गो उड़ानन के अइसन बम के धमकी मिलल बा जवना के बाद नागरिक उड्डयन मंत्रालय एह तरह के हालात से निपटे खातिर कड़ा नियम लागू करे के तइयारी शुरू कऽ दिहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]