[the_ad_group id="30365"]

कर्जा देवे वाला एप के गंदा धंधा: कर्ज के जाल में फंसल जिंदगियां उजाड़ रहीं अवैध चीनी कंपनियां, चीन-हांगकांग में मास्टरमाइंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोरोना महामारी में काम-धंधा चौपट होखले के वजह से नौकरी छुटला पर लोग घर-परिवार चलावे के मजबूरन कर्ज लेवे के पड़ल। एही मजबूरी के चीन के जालसाज धंधा बना लिहलें। तत्काल कर्ज देवे खातिर कई सारा मोबाइल एप भारतीय बाजार में उतार दिहलस, जौन बिना कौनो खास सत्यापन के महंग ब्याज पर लोग के कर्ज देवे लगनें।

लोग कब अपने फोन के जरिये बेहद निजी अउरी संवेदनशील जानकारी चीनी जालसाजन से साझा कर बइठलें, ओनके एकर भनक तक नाइ लागल। कर्ज नाइ चुका पवले चाहे किस्त में देरी पर ई चीनी एप ब्लैकमेल कर लोग के प्रताड़ित करे लगनें। इएकरे वजह से देशभर में पिछले दो साल में कई लोग आपन जान दे देहल।

फरवरी, 2021 में देश में 81 विभिन्न एप स्टोर पर 600 से 1,100 अवैध एप मौजूद रहल। गूगल के हटावल 2,000 से ज्यादा लोन एप
1,100 मोबाइल एप लोन, त्वरित ऋण जइसन शब्द के इस्तेमाल कs रहल बानें। गूगल 2,000 से बेसी लोन एप हटवले। 600 एप भारत में ही संचालित बा।

पुलिस के सलाह… एह खतरनाक एप से बचीं

रेज कैश, पीपी मनी, रूपीज मास्टर्स, कैश रे, मॉबीपॉकेट, पापा मनी, इनफिनिटी कैश, क्रेडिट मैंगो, क्रेडिट मार्वल, सीबी लोन, कैश एडवांस, एचडीबी लोन, कैश ट्री, रॉ लोन, अंडर प्रॉसेस, कैश लाइट, एटडी क्रेडिट, रूपी लैंड, कैश रूम, रूपी लोन, वेल क्रेडिट।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]