सीबीआई में पीओ बनले गोरखपुर के प्रभांशु

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 19, 2024

  गोरखपुर के राजेन्द्र नगर पूर्व निवासी प्रभांशु यादव के सीबीआई में अभियोजन अधिकारी (पीओ) पद खातिर चुनल गइल बा. बियफ़ें के एकर रिजल्ट जारी भईल। प्रभांशु जी के प्राथमिक शिक्षा जीएन नेशनल से कइले

Share

 

गोरखपुर के राजेन्द्र नगर पूर्व निवासी प्रभांशु यादव के सीबीआई में अभियोजन अधिकारी (पीओ) पद खातिर चुनल गइल बा. बियफ़ें के एकर रिजल्ट जारी भईल। प्रभांशु जी के प्राथमिक शिक्षा जीएन नेशनल से कइले बानी

राम मनोहर लोहिया लॉ यूनिवर्सिटी, लखनऊ से पांच साल के एलएलबी आ ओकरा बाद एलएलएम कइले. चार भाई-बहिन में उs सबसे छोट बाड़े। बड़ भाई हिमांशु यादव डीएवी इंटर कॉलेज में चपरासी बाड़े। पिता स्व. हरिहर प्रसाद यादव डीएवी इंटर कॉलेज में शिक्षक रहले।

संजय यादव, बृजभूषण यादव, रामसूर यादव, चंद्रभूषण यादव, अभिमन्यु यादव उनकरी सफलता पs बधाई दिहलें।

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.