[the_ad_group id="30365"]

Ara News: आरा के सरकारी स्कूल में पिस्टल लेकर पहुंचे 7वीं के छात्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्कूल में पढ़े वाला बच्चा अब किताब के जगह अवैध हथियार से वीडियो रील बनावे शुरू कऽ देले बाड़े। भोजपुर जिला में ताजा मामला सामने आइल बा। बदरा थाना क्षेत्र के अपग्रेड मिडिल स्कूल पैगा के छात्रन के अवैध देश निर्मित पिस्तौल लेके इंटरनेट मीडिया पऽ रील बनावे के एगो बड़ मामला सोझा आइल बा।

वीडियो वायरल होखला के बाद पुलिस हेडमास्टर के शिकायत पऽ कार्रवाई कऽ के पांच स्कूली बच्चा के हिरासत में ले लेलस। सब सातवीं आ आठवीं कक्षा के छात्र हउवे। एह लोग के लगे से 315 बोर के पिस्तौल अउरी कारतूस बरामद भइल बा। एसपी राज इ जानकारी देले। एकरा बारे में प्राथमिकी दर्ज करावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]