Gorakhpur News: तइयार हो रहल बा रामगढ़ताल, 20 प्रदेश से आई टीम- रोइंग

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 19, 2024

गोरखपुर के जनता के रामगढ़ताल में 22 से 26 अक्टूबर तक रोइंग के रोमांच देखे के मौका मिली। 25वीं सब जूनियर नेशनल रोइंग चैम्पियनशिप के तइयारी चल रहल बा। खेल मंत्री गिरीश चंद्र यादव 23

Share

गोरखपुर के जनता के रामगढ़ताल में 22 से 26 अक्टूबर तक रोइंग के रोमांच देखे के मौका मिली। 25वीं सब जूनियर नेशनल रोइंग चैम्पियनशिप के तइयारी चल रहल बा। खेल मंत्री गिरीश चंद्र यादव 23 अक्टूबर के एह आयोजन के औपचारिक उद्घाटन करीहें। समापन अवसर पऽ मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ विजेता लोग के सम्मानित करीहें।

आयोजन सचिव पुनीत बालियान बतवले कि 20 राज्य के टीम एह प्रतियोगिता खातिर आपन पंजीकरण करा चुकल बिया। लइका-लइकी वर्ग में कुल 240 खिलाड़ी भाग लीहें। एमें 136 लइका आ 114 लइकी खिलाड़ी शामिल बाड़ी। एह टीम के साथे कुल 33 गो अधिकारी होखीहें।

एह प्रतियोगिता खातिर निर्णायक मंडल 19 अक्टूबर के गोरखपुर आ जाई। ओही दिन से निर्णायक मंडल के देखरेख में रामगढ़तल में कोर्स लाइन तइयार कइल जाई। टीम 21 आ 22 अक्टूबर के गोरखपुर चहुँप जाई।

बतावल गइल कि प्रतियोगिता में सबसे बड़ दल महाराष्ट्र से आ रहल बा।

उहाँ से 24 बालक आ 20 बालिका खिलाड़ी प्रतिभाग करिहें। हरियाणा से 29, पश्चिम बंगाल से 27, केरल से 24, पंजाब से 17, झारखंड आ हरियाणा से 16-16, तमिलनाडु से 14, उड़ीसा से 11 खिलाड़ी शामिल होइहें। यूपी से कुल चार खिलाड़ी एमें प्रतिभाग करिहें, एमें एगो गोरखपुर से बा। बालक आ बालिका वर्ग में पांच-पांच इवेंट आयोजित होइहें।

सब प्रतियोगिता 500 मीटर में होई। सिंगल स्कल्स, डबल स्कल्स, कॉक्सलेस पेयर आ कॉक्सलेस 4, अंडर 13 डबल स्कल्स प्रतियोगिता आयोजित होई।

आरएसओ वाला हैदर बतवले कि रामगढ़तल में 22 अक्टूबर से शुरू होखे वाला सब जूनियर नेशनल रोइंग चैम्पियनशिप के तइयारी शुरू हो गइल बा। खिलाड़ियन के वाटर स्पोर्ट्स कॉम्प्लेक्स आ होटल में रहे के इंतजाम हो गइल बा। खेलो इंडिया गेम्स जइसन भव्य आयोजन होखी।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.