Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

साँझ के 10 बड़ खबर

465
Google Ads 300*250 for posts
  1. बिहार: बिहार में हाई-वे प 30 किमी तक फायरिंग: बेगूसराय एसपी बोलले- 2 बाइक प आइल रहले 4 सीरियल शूटर्स; 11 लोगन के गोली मरले स। 40 मिनट तक फायरिंग करत आ रास्ता में जे मिलल ओकरा के शूट के करत गइले स।
  2. बिहार: कृषि मंत्री सुधाकर सिंह से CM नीतीश नाराज, कैबिनेट मीटिंग में मुख्यमंत्री टकले, तs सुधाकर बोलले- जवाब मंगला प हमार छुट्टी ना हो जाये। अपना विभाग के अफसरन के चोर आ अपना के चोरन के सरदार बतवले रहस।
  3. उत्तर प्रदेश: महारानी, सुल्तान, खलीफा खातिर शोक त शंकराचार्य खातिर राष्ट्रीय शोक घोषित करे सरकार; राष्ट्रीय हिन्दू कइलस मांग। धर्मगुरु शंकराचार्य स्वामी स्वरूपानंद सरस्वती के भइल बा निधन।
  4. उत्तर प्रदेश: आजम खान के दिल के दौरा, दिल्ली के सर गंगाराम अस्पताल में करावल गइल भर्ती।
  5. झारखंड: हजारीबाग NTPC कार्यालय में शुरू भइल हिंदी पखवाड़ा, कामकाज में हिंदी के शामिल करे के लिहल गइल संकल्प।
  6. गोवा कांग्रेस के 8 MLAs भाजपा में शामिल: दल-बदल कानून लागू ना हाई, काहेकि 11 में से 8 टूटले, कांग्रेस खातिर बड़ झटका।
  7. अहमदाबाद में 13 वां मंजिल के स्लैब टूटल, 7 के मौत: जादे वजन के वजे से हादसा, सभे 8 मजदूर सेफ्टी नेट प गिरल लो, बाकिर उहो टूट गइल।
  8. पुंछ में बस हादसा में 12 लोग के मौत: अनियंत्रित होके गहिराह खाई में गिरल बस, 30 घायल; 5 के जम्मू एयरलिफ्ट कइल गइल।
  9. गांगुली आ जय शाह पद प बनल रही लो: सुप्रीम कोर्ट BCCI के संविधान संशोधन के मंजूरी देले, अब दुनु 6 साल ले पदाधिकारी रह सकी लो।
  10. ICC रैंकिंग में विराट के लमहर छलांग: 29वां रैंक से सीधे 15वां प पहुंचले, एशिया कप में शानदार प्रदर्शन के फायदा मिलल, 5 मैचन में बनवले रहस 276 रन।
330190cookie-checkसाँझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.