रेलवे जारी कइलस नया नियम, यात्री अब एह तरीका से कs सकतनें बिना कन्फर्म टिकट के यात्रा

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 27, 2022

त्योहारी सीजन में कंफर्म टिकट हासिल कइल काफी चुनौतीपूर्ण काम हो सकsता। कई बेर अइसन होला जब आपके ‘तत्काल’ टिकट आरक्षण सिस्टम के तहत भी कन्फर्म टिकट नाइ मिलsला। जदि कौनो आपात स्थिति बा अउर

Share

त्योहारी सीजन में कंफर्म टिकट हासिल कइल काफी चुनौतीपूर्ण काम हो सकsता। कई बेर अइसन होला जब आपके ‘तत्काल’ टिकट आरक्षण सिस्टम के तहत भी कन्फर्म टिकट नाइ मिलsला। जदि कौनो आपात स्थिति बा अउर आपके लग्गे विकल्प के रूप में खाली ट्रेन यात्रा बा, त एगो तरीका बा जेसे आप बिना कन्फर्म टिकट के भी भारतीय रेलवे के ट्रेन में यात्रा कर सकतनीं।

बिना कन्फर्म टिकट के ट्रेन में कइसे कइल जा सकी यात्रा

अगर आपके कौनो कारणवश कन्फर्म टिकट नाइ मिल पावsता, त भारतीय रेलवे के नियम के अनुसार, आप अभीन वेटिंग टिकट के उपयोग कsके भी यात्रा कर सकतनीं।

एह विकल्प के उपयोग करे खातिर आपके ध्यान रखे के होई कि वेटिंग टिकट टिकट खिड़की से लेहल रहे के चाहीं। उहवें, आप ऑनलाइन कन्फर्म नाइ भइल टिकट के संगे यात्रा नाइ कs पाएब काहेसेकि ट्रेन के प्रस्थान करे के समय ले सीट के पुष्टि नाइ होखले पर टिकट के पइसा यात्री के वापस कs दिहल जाला।

एहलिए टिकट विंडो से वेटिंग लिस्ट चाहे करंट बुकिंग टिकट लेहले के बाद यात्री ट्रेन के टीटीई से संपर्क कर पता लगा सकतनें कि चार्ट बनले के बादो कौनो सीट खाली बा कि नाइ। अगर आपके लग्गे ई टिकट बा त टिकट चेकर आपके यात्रा करे से नइखे रोक सकsत, लेकिन अगर टीटीई के लग्गे ट्रेन में कौनो अतिरिक्त सीट नइखे बचल त आपके कौनो सीट नाइ मिली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.