[the_ad_group id="30365"]

Data Leak: BSNL के सर्वर में लागल सेंध, हैकर के हाथ में पहुंचल 278GB डाटा, घर के एड्रेस तक बा सामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत संचार निगम लिमिटेड (BSNL) के सर्वर में सेंध लगला के खबर बा। रिपोर्ट के मोताबिक BSNL के करीब 278 जीबी डाटा हैकर्स के लगे पहुंच गइल बा। एह डाटा लीक में लोगन के सिम कार्ड से जुड़ल जानकारी जइसन मोबाइल नंबर, घर के एड्रेस, सर्वर सिक्योरिटी कीज आदि सामिल बा। एह डाटा के इस्तेमाल गलत कामन में कइल जा सकत बा आ एह डाटा के मदद से लोगन के साइबर ठगी के शिकार बनावल जा सकत बा।

एह डाटा लीक के जानकारी डिजिटल रिस्क मैनेजमेंट फर्म Athenian Tech देले बा। एह डाटा लीक के घटना के kiberphant0m नाम के हैकर अंजाम देले बा। कहल जा रहल बा कि ई डार्क वेब पs ओकर निक नेम हो सकत बा। अभी तक ई साफ नइखे कि ई डाटा लीक कवनो हैकर  कइले बा कि कवनो हैकर ग्रुप।रि

पोर्ट में कहल जा रहल बा कि लीक भइल BSNL के एह डाटा में यूजर्स के जानकारी के अलावे कवनो संवेदनशील जानकारी नइखे। लीक डाटा में सर्वर के स्नैपशॉट सामिल बा। लीक भइल डाटा में इंटरनेशनल मोबाइल सब्सक्राइबर आडेंटिटी (IMSI) नंबर के अलावे, SIM कार्ड के डीटेल, पिन कोड, ऑथेंटिकेशन कीज जइसन कइयन जानकारी बा।

लीक डाटा में BSNL के SOLARIS सर्वर के डाटा सामिल बा। एह डाटा के इस्तेमाल सिम कार्ड क्लोनिंग खातिर कइल जा सकत बा। BSNL एह डाटा लीक पs अभी तक कवनो आधिकारिक बयान जारी नइखे कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]