[the_ad_group id="30365"]

त्रिपुरा, नगालैंड-मेघालय में विधानसभा चुनाव के तारीखन के होई ऐलान, चुनाव आयोग के पीसी आज

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चुनाव आयोग आज दुपहरिया 2.30 बजे प्रेस कॉन्फ्रेंस करी। एह दौरान चुनाव आयोग नगालैंड, मेघालय आ त्रिपुरा में विधानसभा चुनाव के तारीखन के ऐलान करी।

एकरा पहिले निर्वाचन आयोग तीनों राज्य में चुनावी तइयारियन के जायजा लेले रहे। पूर्वोत्तर के एह तीनों चुनावी राज्यने में आयोग चार दिन के दौरा कइले रहे। एह दौरा में मुख्य निर्वाचन आयुक्त राजीव कुमार के संगे दुनो आयुक्त अनूप चंद्र पांडेय आ अरुण गोयल रहे लो। मुख्य निर्वाचन आयुक्त तीनों राज्यन में मुख्य सचिव, पुलिस महानिदेशकन के संगे-संगे राजनीतिक दलन के नुमाइंदन के संगे बइठक कइले रहस।

चुनाव आयोग के अधिकारी सबसे पहिले 11 जनवरी के त्रिपुरा पहुंचल रहे लोग। इहां से नागालैंड आ अंत में मेघालय के दौरा कइल गइल रहे। दरअसल, फरवरी में एह तीनो राज्यन में चुनाव होखे के बा। एकरा बाद अप्रिल मई में संभव बा कि जम्मू कश्मीर में विधानसभा चुनाव करावल जाव। फेर मई में कर्नाटक आ फेर नवंबर में छत्तीसगढ़, मध्य प्रदेश आ मिजोरम के बाद साल के अंत माने दिसंबर में तेलंगाना आ राजस्थान में चुनाव के तारीखन के ऐलान कइल जा सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]