Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

21 सितंबर के होखे वाली बीपीएससी परीक्षा टलल, अब 30 सितंबर के होई

225
Google Ads 300*250 for posts

बिहार लोक सेवा आयोग 21 सितंबर 2022 के होखे वाला प्रस्तावित बीपीएससी 67वीं पीटी परीक्षा एक बेर फिर टाल देहल गइल बा। ई परीक्षा अब 30 सितंबर के आयोजित कइल जाई। रउआ के बता देईं कि यूपीएससी अउर बीपीएससी के परीक्षा एक्के दिन पड़ला पर कई दिन से अभ्यर्थी सोशल मीडिया पर हैशटैग (UPSC_CLASH_BPSC) चलावत रहलें। एही के ले के कुछ अभ्यर्थी दिल्ली में राज्य के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से मिलल रहलें अउर परीक्षा तिथि में बदलाव कइले के मांग के ज्ञापन सउपलें रहलें।

बिहार सरकार छात्रन के मांग के ध्यान में रखत अब यूपीएससी मुख्य परीक्षा 2022 अउरी बीपीएससी 67वीं पीटी के टकराव के दूर कs के नया तिथि घोषित कइले बा। बीपीएससी के वेबसाइट bpsc.bih.nic.in, पर जारी नोटिस के अनुसार ई परीक्षा अब 30 सितंबर के दुपहर 12 बजे से 2 बजे ले एक्के पाली में आयोजित कइल जाई।

रउआ के बता देईं कि 67वीं बीपीएससी प्रारंभिक परीक्षा के आयोजन 8 मई 2022 के कइल जात रहल तब्बे पेपर लीक के खबर के बीच परीक्षा रद्द कs दिहल गइल रहे अउर परीक्षा नया सिरे से दोबारा आयोजित कइले के ऐलान कइल गइल बा। बीपीएससी 67वीं के 802 पद खातिर 6 लाख से ज्यादा अभ्यर्थी लोग आवेदन कइले बा।

एडमिट कार्ड अब 20 सितंबर से डाउनलोड कs पइहें अभ्यर्थी

बीपीएससी परीक्षा तिथि में बदलाव के नोटिस जारी कs के कहले बानें कि 67वीं पीटी के एडमिट कार्ड अब 14 सितंबर के बजाय 20 सितंबर से उपलब्ध होई। एग्जाम ऑब्जेक्टिव मोड में दोपहर 12 बजे से 2 बजे ले होई। परीक्षार्थियन के 11 बजे ले ही एग्जाम सेंटर में एंट्री देहल जाई।

गौरतलब बा कि 21 सितंबर से पहिले ई परीक्षा 20 अउरी 22 सितंबर, 2022 के दू शिफ्ट में होखे वाली रहल लेकिन परीक्षार्थियन के भारी विरोध प्रदर्शन के बाद बिहार सरकार पीटी एग्जाम पहिले के तरह एक दिन के शिफ्ट में करवले के फैसला कइलस। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार की अध्यक्षता में ई फैसला लिहल गइल बा।

BPSC 67th CCE 2022 प्रीलिम्स परीक्षा में जनरल स्टडीज में 150 नम्बर के प्रश्न पूछल जाई। बता देईं, परीक्षा के समय 2 घण्टा के होई।

325490cookie-check21 सितंबर के होखे वाली बीपीएससी परीक्षा टलल, अब 30 सितंबर के होई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.