Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Heat Wave: गोरखपुर में गरमी से राहत के माहौल तइयार, जानीं कब बा बरखा के आसार

107

गोरखपुर। बीतल एक पखवारा से प्रचंड गरमी झेल रहल गोरखपुर आ आसपास के क्षेत्र के लोगन खातिर राहत भरल खबर बा। गर्मी से राहत के माहाैल पश्चिमोत्तर भारत के पहाड़न पs पश्चिमी विक्षोभ के संगे बन रहल बा।

तीन मई तक एकरा सक्रिय हो गइला के संभावना बा आ ओकरा चलते गोरखपुर आ आसपास के क्षेत्र में छव मई से आंधी के संगे गरज-चमक के बीच बरखा बन रहल बा।

बरखा के ई माहौल आठ मई तक बनल रही। तीन से 20 मिलीमीटर तक बरखा होखे के संभावना मौसम विज्ञानी कैलाश पांडेय बता रहल बाड़ें। बाकिर ओकरा बादो एक बेर फेर गरमी के प्रचंड रूप लेवे के आशंका जतावल जा रहल बा।

मौसम विज्ञानी बतवलें कि तीन मई तक पश्चिमी विक्षोभ सक्रिय हो जाई आ केकरा बाद ऊ तिब्बत के ओर बढ़ी। छव मई तक जब ऊ गोरखपुर के ऊपरी हिस्सा में 100 किलोमीटर के दूरी पs रही तs गरज-चमक के संगे बरखा के का कारण बनी। बरखा के ई माहौल आठ मई तक बनल रही। एकरा चलते तीन दिन तक गोरखपुर के तापमान में गिरावट दर्ज कइल जाई आ लोगन के गरमी से राहत रही।

मौसम विज्ञानी बतावत बा लो कि बरखा के के बाद एक बेर फेर मौसम के पारा चढ़ा आ और प्रचंड गरमी के प्रकोप बढ़ी। ओकरा बाद ई सिलसिला एक-दु बेर के बरखा के संगे पूरा मई जारी रही। अप्रिल के बाद मई में भीषण गरमी के सुरुआत हो गइल बा। पहिला दिन माने एक मई के 39.8 डिग्री सेल्सियस तापमान रिकार्ड कइल गइल।

अप्रिल में 11 गरम दिन, मई में 16 गरम दिन के पूर्वानुमान

अप्रिल में गरम दिनन के संख्या मौसम विज्ञानी कैलाश पांडेय के पूर्वानुमान के मोताबिक रही। ऊ 10 गरम दिन के पूर्वानुमान जतवले रहस था आ कुल 11 दिन मौसम विभाग के मानक पs गरम दिन (40 डिग्री सेल्सियस भा ओसे जादे) रहे। जबकि एह महीना खातिर औसत गरम दिन मात्र छव से सात निर्धारित बा। एकरा पहिले 2022 के अप्रैल में गरम दिनन के संख्या अबकी बेर के अप्रिल के जइसन 11 रहल रहे।

एकरा से जादे 2016 के अप्रिल में 20 गरम दिन रिकार्ड कइल गइल रहे। मौसम विज्ञानी के अनुसार गरम दिनन के मइयो में झेले के होई काहेकि गणितीय आकलन के मोताबिक मई में 14 से 16 दिन गरम दिन के मानक पs खरा उतर सकत बा। मई में गरम दिनन के औसत संख्या मौसम विभाग के मानक पs 10 से 11 दिन निर्धारित बा।

बीतल बरिसन के अप्रिल में गरम दिनन के आंकड़ा

वर्ष     दिन
2024 11
2023 07
2022 11
2021 06
2020 00
2019 04
2018 00
2017 06
2o16 20

साभार: दैनिक जागरण

810660cookie-checkHeat Wave: गोरखपुर में गरमी से राहत के माहौल तइयार, जानीं कब बा बरखा के आसार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.