Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोयला तस्करी मामिला में कानून मंत्री के घरे CBI डरलस छापा, चार ठो दुसरो ठिकाना पर पहुंचल जांच एजेंसी

143
Google Ads 300*250 for posts
पश्चिम बंगाल कोयला तस्करी मामिला में सीबीआई के टीम बुध के बड़ कार्रवाई कइलें बा। सीबीआई के टीम आसनसोल स्थित ममता सरकार में कानून मंत्री मलय घटक के आवास पs छापा मरले बा। एकरे अलावा कोलकाता के चार ठिकानन पर भी सीबीआई के अधिकारी पहुंचल बाड़ें। बतावल जा रहल बा कि सब ठिकाना मलय घटक से जुडल बा। सीबीआई के टीम इहवाँ तलाशी अभियान जारी रखले बा।

एसे पहिले ईडी के टीम दो सितंबर के मलय घटक के समन भेजले रहे। उ कोयला घोटाला के मामले में पूछताछ खातिर 14 सितंबर के तलब कइल गइल बा।

323510cookie-checkकोयला तस्करी मामिला में कानून मंत्री के घरे CBI डरलस छापा, चार ठो दुसरो ठिकाना पर पहुंचल जांच एजेंसी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.